जयपुर: सवाई मानसिंह स्टेडियम के बम से उड़ावे के धमकी, राजस्थान खेल परिषद के अध्यक्ष के सामने आइल इs बयान

Share

राजस्थान के जयपुर के सवाई मानसिंह स्टेडियम में बम के धमकी मिलल बा. एह मामिला में राजस्थान खेल परिषद के अध्यक्ष नीरज के पवन के बयान सामने आइल बा. नीरज कहले, ‘आज जवन ईमेल आईल उs कवनो पागल आदमी के लागत बा। हमनी के नईखे लागत कि इs गंभीर होई। एहसे पहिले भी दुगो अयीसन मामला दर्ज भईल बा। अबकी ईमेल में मोबाइल नंबर भी दिहल गईल बा, जवना के जांच खातीर पुलिस के भेज दिहल गईल बा।

ध्यान देवे वाला बात बा कि पछिला कुछ दिन में सवाई मानसिंह स्टेडियम में कई बेर बम के धमकी मिलल बा। जवना के बाद जांच भी भईल बाकिर कवनो संदिग्ध ना मिलल। पूरा स्टेडियम के पूरा तलाशी लिहल जाता अवुरी सुरक्षा अधिकारी अलर्ट मोड पs बाड़े। एकरा से पहिले 8 मई के भी ईमेल के माध्यम से धमकी दिहल गईल रहे। बाद में दूसरा धमकी भेजल गईल कि ऑपरेशन सिंदूर के बदला लेवे खातिर स्टेडियम पs बमबारी कईल जाई। 

हाल ही में पहलगाम में आतंकी हमला भइल रहे

कश्मीर के पहलगाम में 22 अप्रैल के एगो आतंकी हमला भईल रहे, जवना में 26 लोग के मउत हो गईल रहे। एह आतंकी हमला के बाद भारत आतंकवाद के खिलाफ कड़ा रुख अपना लिहलस आ पाकिस्तान पs कई गो प्रतिबंध लगा दिहलस. भारत पाकिस्तान के कई जगहा आतंकी ठिकाना के तबाह कs देले रहे। भारत के एह कार्रवाई से नाराज पाकिस्तान भारत पs कई बेर हमला कईलस बाकीर भारतीय सशस्त्र बल एकर उचित जवाब दे देलस। एह हालात में भारत-पाकिस्तान के तनाव चरम पs पहुँच गइल रहे। हालांकि बाद में दुनो देश के सहमति से युद्धविराम के घोषणा भईल। फिलहाल सीमा पs शांति बा। 

एकरा बाद पीएम मोदी राष्ट्र के दिहल संबोधन में साफ कs देले रहले कि आतंकवाद के उचित जवाब दिहल जाई।  

ईहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या करत बा परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-