बिजनेस डेस्क। देस के जानल-मानल उद्योगपति अनिल अंबानी के बेटा जय अनमोल अंबानी के मुश्किल बढ़ गइल बा। सीबीआई उनका खिलाफ 228 करोड़ के धोखाधड़ी के केस दर्ज कइले बिया।
सीबीआई के आरोप बा कि जय अनमोल आ उनकर कंपनी रिलायंस होम फाइनेंस लिमिटेड (RHFL) मिलके यूनियन बैंक ऑफ इंडिया से फ्रॉड कइलस, जवना से बैंक के 228 करोड़ रुपिया के नुकसान भइल।
बैंक के शिकायत पs CBI सुरू कइलस जांच
यूनियन बैंक ऑफ इंडिया एह पूरा ममिला के शिकायत CBI में कइले रहे। ओकरे आधार पs अब जांच एजेंसी पूरा प्रकरण के जांच करत बिया। एह केस में RHFL के दुगो डायरेक्टर- जय अनमोल आ रवींद्र शरद सुधाकर के नाम सामिल बा।
आखिर का हs पूरा ममिला?
CBI में दर्ज शिकायत के अनुसार, RHFL कंपनी बैंक से 450 करोड़ रुपिया के लोन मुंबई के एससीएफ ब्रांच से लेले रहे। बैंक लोन देते घरी कुछ शर्त रखले रहे-
- समय से किश्त चुकावल
- सिक्योरिटी जमा करावल
- जरूरी कागज समय पs उपलब्ध करावल
बाकिर कंपनी एह सब शर्त के पूरा ना कs सकल।
बैंक लोन के NPA घोषित कs दिहलस
बैंक के कहनाम बा कि कंपनी समय पs लोन के किश्त ना चुकवलस आ 20 सितंबर 2019 के एह लोन के NPA (Non-Performing Asset) घोषित कs दिहल गइल।
जांच में इहो सामने आइल कि बैंक से मिलल लोन के पईसा गलत जगह पs खर्च कइल गइल। लोन जवना काम खातिर दिहल गइल रहे, ओकरा में लगावे के जगह पईसा दोसर काम में निवेश कइल गइल, जवन बैंक के मोताबिक साफ-साफ धोखाधड़ी हs।







