ITR Date Extension : आखिरकार रात में सरकार बढ़ा देलस ITR Filing के अंतिम तारीख, अब केतना दिन के मिली मोहलत?

Share

नई दिल्ली। सरकार आईटीआर फाइल (ITR File) से चूक गइल आयकरदाता के बड़ राहत (ITR Filing Date Extended) देलस। सरकार रिटर्न फाइल कs के अंतिम तारीख के 15 सितंबर से बढ़ा के 16 सितंबर कs देलस। आखिर दिन में रिटर्न फाइल करे में आ रहल दिक्कत के देखत सरकार ई फैसला लेलस।

केंद्रीय प्रत्यक्ष के बोर्ड आकलन बरिस 2025-26 के खातिर आईटीआर दाखिल करे के अंतिम तिथि के 15 सितंबर, 2025 से बढ़ा के 16 सितंबर, 2025 करे के निर्णय लेलस।”

एमे नया समय में परिवर्तन खातिर, ई-फाइलिंग पोर्टल 16 सितंबर 2025 के सबेरे 12:00 बजे से 2:30 बजे तक रखरखाव मोड में रही।

ई निर्णय 15 सितंबर के समय सीमा खत्म होखे से कुछ मिनट पहिले आइल बा। एकरा से पहिले, कइयन गो करदाता कहले रहे लोग कि ओह लोगन के टैक्स रिटर्न दाखिल करे में अंतिम समय के ट्रैफिक के कारण ई-फाइलिंग पोर्टल में दिक्कत के सामना करे के पड़ रहल बा।

डेट बढ़ावे के उठत रहे मांग

टैक्स एक्सपर्स्ट्स (Tax experts) के कहनाम कि आयकर विभाग के साइट से AIS/TIS आ 26AS बहुत मुश्किल से डाउनलोड होत बा। अइसन में 15 सितंबर के आईटीआर डेडलाइन तक सारा रिटर्न गइल संभव नइखे। एही तरे, ऑडिट के काम एह रिटर्न्स के पूरा कइला के बाद सुरू होई, एकरा खातिर ऑडिट के डेट, जवन एह समय 30 सितंबर बा, ओकरा के बढ़ाके 30 नवंबर कs देवे के चाहीं।

15 सितंबर तक रिकॉर्ड 7.3 करोड़ से जादे ITR दाखिल

15 सितंबर 2025 तक रिकॉर्ड 7.3 करोड़ से जादे ITR दाखिल कइल जा चुकल बा, जवन पिछिला साल के 7.28 करोड़ से जादे बा। इनकम टैक्स विभाग एकरा के देखत करदाता आ पेशेवर के धन्यवाद देलस । ITR दाखिल करे के प्रक्रिया के आउर आसान बनावे खातिर, लास्ट डेट एक दिन बढ़ा के 16 सितंबर 2025 कs दिहल गइल बा।

Read Also: Supreme Court on Aadhar Card : आधार ना ड्राइविंग लाइसेंस आउर राशन कार्ड तक फर्जी बन सकेला’, SIR के लेके SC के अहम टिप्पणी

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-