IND vs NZ 2nd T20I : रायपुर में खेलल गइल दूसरका टी20 मुकाबला में ईशान किशन के बल्ला से अइसन तूफान निकलल कि फैंस के ऋषभ पंत के इयाद ताजा हो गइल। भारत एह मुकाबला में न्यूजीलैंड के सात विकेट से हराके पांच मैच के सीरीज में 2-0 के बढ़त बना लेलस।
टीम इंडिया खातिर एह मैच के सबसे बड़ हीरो रहलें ईशान किशन। जब ऊ बल्लेबाजी करे अइलें, तब भारत के हालत खराब रहे। सुरुआती सात गेना में भारत के दू विकेट गिर चुकल रहे आ स्कोर रहे खाली छव रन। अइसन मुश्किल घड़ी में ईशान मैदान पs उतरतही चौका-छक्का के बरसात सुरू कs देलें। 32 गेना में 11 चौका आ चार छक्का के मदद से ईशान 76 रन के धुआंधार पारी खेललें।
ईशान के पारी में एगो अइसन वाकया भइल, जवना के देख के फैंस के ऋषभ पंत इयाद आ गइलें। दरअसल, भारतीय पारी के पांचवां ओवर में कीवी कप्तान मिचेल सैंटनर गेंदबाजी करत रहलें। बड़ शॉट खेले के कोसिस में ईशान के हाथ से बल्ला छूट के हवा में उड़ गइल आ दूर जा गिरल। पंत के संगे अइसने कइयन बेर हो चुकल बा। सोशल मीडिया पs ई वीडियो तेजी से वायरल हो रहल बा आ फैंस जमके कमेंट कs रहल बा लोग।
एकरा से पहिले न्यूजीलैंड 20 ओवर में छव विकेट पs 208 रन बनवलें। रचिन रवींद्र 44 रन, मिचेल सैंटनर नाबाद 47 रन आ डेवोन कॉनवे 19 रन बनवलें। भारत खातिर कुलदीप यादव दू विकेट लेलें, जबकि हार्दिक पांड्या, हर्षित राणा, वरुण चक्रवर्ती आ शिवम दुबे के एक-एक विकेट मिलल।
जवाब में भारत के सुरुआत खराब रहल, बाकिर ईशान किशन के विस्फोटक पारी खेल के रुख बदल देलस। ईशान मात्र 21 गेना में अर्धशतक पूरा कs के न्यूजीलैंड के खिलाफ सबसे तेज टी20 अर्धशतक लगावे वाला भारतीय बन गइलें। एह दौरान ऊ अभिषेक शर्मा के रिकॉर्ड तुड़ देलें।
ईशान के संगे कप्तान सूर्यकुमार यादवो फॉर्म में लवटत नजर अइलें। सूर्या 37 गेना में 82 रन के सानदार पारी खेललें, जबकि शिवम दुबे 36 रन बनाके नाबाद रहलें। आवे वाला टी20 विश्व कप से पहिले ईशान आ सूर्यकुमार के फॉर्म टीम इंडिया खातिर बहुते सुभ संकेत बा।









