Indonesia Bus Accident : इंडोनेशिया में भीषण सड़क हादसा, कंक्रीट के बैरियर से टकराइल बस; 16 लोगन के मौत

Bus accident in Indonesia after crashing into a concrete barrier

Share

सेंट्रल डेस्क। इंडोनेशिया में एगो बहुते भयानक सड़क हादसा भइल बा, जवना मे 16 लाेगन के जान चल गइल बा। ई हादसा स्थानीय समय के मोताबिक सोमार के आधा रात भइल, जब 34 सवारियन के लेके जा रहल एगो बस कंक्रीट के बैरियर से टकरा गइल। टक्कर एतना तेज रहे कि बस पलट गइल आ कइयन गो लोग बुरा तरे घायल हो गइल।

नेशनल सर्च आ राहत एजेंसी के प्रमुख बुडियोनो बतवलें कि बस ड्राइवर के बस पs से नियंत्रण छूट गइल रहे, एह चलते बस सीधे कंक्रीट के बैरियर से जा टकराइल आ पलट गइल। हादसा के बाद मौका पs अफरातफरी मच गइल।

इलाज के दौरान 10 लोगन के मौत

पुलिस के मोताबिक, हादसा के शिकार बस राजधानी जकार्ता से प्राचीन शाही शहर योग्यकार्ता जात रहे। टक्कर के बाद कइयन गो यात्री बस से बाहर जा गिरल लोग तs कुछ लोग बस के बॉडी में फंस गइल। बुडियोनो बतवलें कि तेज झटका से कइयन गो सवारी सड़क पs गिर पड़ल लाेग।

हादसा के करीब 40 मिनट बाद पुलिस आ बचाव दल मौका पs पहुंचल। घटनास्थल से छव गो यात्रियन के शव बरामद भइल। बाकी 10 लोगन के हालत बहुते नाजुक रहे, जेकर मौत अस्पताल ले जात घरी भा इलाज के दौरान हो गइल।

घायलन के हालत गंभीर

एह हादसा में कुल 18 लोग घायल भइल बा। एमे से पांच के हालत बहुते गंभीर बतावल जा रहल बा, जबकि 13 आउर लोगन के गंभीर चोट लागल बा। मीडिया रिपोर्ट में देखावल गइल कि पियर रंग के बस सड़क किनारे पलटल हालत में पड़न रहे, जवन पुलिस, रेस्क्यू कर्मी आ राहगीर लोगन से घिरल रहे। एम्बुलेंस लगातार घायलन आ मृतकन के अस्पताल ले जाये में लागल रहे। प्रशासन हादसा के कारणन के जांच में जुटल बा।

Read Also: Year Ender 2025 : क्रिकेट मैदान पs 8 बेर भिड़ल भारत-पाकिस्तान, टीम इंडिया रहल पाक पs भारी

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-