अहमदाबाद। पिछिला कुछ समय से हवाई जहाजन के लगातार धमकी भरल सनेस मिल रहल बा। एही कड़ी में सुक के कुवैत से दिल्ली आ रहल इंडिगो के विमान के हाईजैक करे आ बम से उड़ावे के धमकी मिलल। एह खबर के मिलतही सतर्कता बरतल गइल आ विमान के अहमदाबाद एयरपोर्ट पs आपातकालीन लैंडिंग करावल गइल।
मिलल जानकारी के मोताबिक, एगो टिशू पेपर पs लिखल नोट में प्लेन के हाईजैक करे आ बम से उड़ावे के धमकी दिहल गइल रहे। एकरा बाद विमान में सवार करीब 180 यात्री आ ओह लोगन के सामान के पूरा तरे से जांच कइल गइल। संगही हर यात्री के पहचान के पुष्टि कइल जात रहे। विमान के सरदार वल्लभभाई पटेल अंतरराष्ट्रीय हवाई अड्डा (एसवीपीआईए), अहमदाबाद में सुरक्षित इमरजेंसी लैंडिंग करावल गइल।
सुरक्षा एजेंसी एक्टिव, जांच जारी
धमकी भरल नोट मिलही सुरक्षा एजेंसी तुरंत एक्टिव हो गइली सs। एयरपोर्ट सूत्रन के मोताबिक अभी तक कवनो संदिग्ध चाहे आपत्तिजनक सामान नइखे मिलल। एयरपोर्ट पुलिस स्टेशन बतवलस कि बम निरोधक दस्ता विमान के पूरा तरे जांच कs चुकल बा। सुरक्षा जांच पूरा हो गइल बा आ प्रोटोकॉल के हिसाब से आगे के जांच जारी बा। एकरा चलते दिल्ली जाए वाली उड़ान में करीब दू घंटा के देरी हो सकेला।
18 आ 22 जनवरी के मिल चुकल बा धमकी
आज के घटना से पहिले 18 जनवरी आ 22 जनवरी के अइसने धमकी के ममिला सामने आ चुकल बा। 18 जनवरी (अतवार) के दिल्ली से पश्चिम बंगाल के बागडोगरा जात इंडिगो फ्लाइट में बम के धमकी मिलल रहे, जवना के आनन-फानन में लखनऊ मोड़ दिहल गइल रहे।
एकरा बाद 22 जनवरी के दिल्ली से पुणे जात इंडिगो फ्लाइट के बम से उड़ावे के धमकी मिलल रहे। विमान के टॉयलेट में हाथ से लिखल धमकी भरल चिट्ठी मिलल, जवना के बाद पुणे एयरपोर्ट पs विमान के सुरक्षित लैंडिंग करावल गइल।









