4200 Crore Scam : US में भारतीय मूल के CEO पs लागल 4200 करोड़ के धोखाधड़ी के आरोप, का बा पूरा ममिला?

Indian-origin CEO accused of ₹4200 crore fraud in the United States, major financial scam under investigation

Share

नई दिल्ली। अमेरिकी निवेशक कंपनी ब्लैकरॉक कथित तौर पs 500 मिलियन डॉलर (4,200 करोड़ रुपिया) से जादे के घोटाला कs के शिकार हो गइल। कंपनी भारतीय मूल के सीईओ बंकिम ब्रह्मभट्ट पs घोटाला करे के आरोप लगावल बिया।

कंपनी के आरोप बा कि ब्रह्मभट्ट के टेलीकॉम कंपनी फर्जी खाता के मदद से ठगी के अंजाम देलस। हालांकि ब्रह्मभट्ट के वकील एह आरोपन के सिरा से खारिज कs देलें।

ब्लैकरॉक के प्राइवेट क्रेडिट कार्ड इंवेस्टमेंट कंपनी HPS ब्रह्मभट्ट के कंपनी के संगे सितंबर 2020 में डील कइले रहे। HPS 2021 में 385 मिलियन डॉलर निवेश करे के ऐलान कइले रहस, जवना से अगस्त 2024 में बढ़ाके 430 मिलियन डॉलर कs दिहल गइल।

का हs पूरा ममिला?

जुलाई में HPS के निवेश से जुड़ल कुछ फेक ईमेल एड्रेस मिलल, जवना के जानकारी ब्रह्मभट्ट के दिहल
गइल। ब्रह्मभट्ट कंपनी के आश्वासन जतवलें। कंपनी के आरोप बा कि एह घटना के बाद ब्रह्मभट्ट फोन उठावल बंद कs देलें। ओहिजा, जब HPS के अधिकारी ब्रह्मभट्ट के कंपनी पहुंचलें, तs कंपनी बंद रहल। पूछताछ में पता चलल कि ब्रह्मभट्ट के कंपनी दिवालिया हो चुकल बा।

पुलिस करत बिया जांच

वॉल स्ट्रीट जर्नल के अनुसार, जब ब्रह्मभट्ट के गार्डन सिटी इस्थित घर के दौरा कइल गइल, तs उहां उनका बारे में कुछ पता ना चल सकल। HPS के कहनाम बा कि ब्रह्मभट्ट भारत में बाड़ें। अगस्त में कंपनी ब्रह्मभट्ट के खिलाफ मुकदमा दायर कइल गइल। पुलिस के जांच में पता चलल कि कंपनी के ओर से भेजल गइल सब ईमेल फर्जी रहल।

HPS के दावा बा कि निवेश के समय ब्रह्मभट्ट जोन बैलेंसशीट तइयार कइले रहलें, ऊ खाली कागज पs रहे। ब्रह्मभट्ट ओह सारा पईसा के भारत आ मॉरीशस में निवेश कइले रहस। अब पुलिस एह पूरा ममिला के जांच करत बिया।

Read Also: मौत से पहिले Zubeen Garg लिखले रहलें ई नोट, पत्नी बोलली- ‘हमरा सांस लेवे के मन नइखे…’

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-