स्पोर्ट्स डेस्क। धर्मशाला के खूबसूरत मैदान पs खेलल गइल तीसरका टी20 मुकाबला में भारतीय टीम जबरदस्त प्रदर्शन करत साउथ अफ्रीका के 7 विकेट से हरा देलस। एह जीत के संगही भारत पांच मैच के टी20 सीरीज में 2-1 के बढ़त बना लेलस आ धर्मशाला में जीत के हैट्रिक पूरा कs लेलस। भारत लगातार तीसरा टी20 मुकाबला एह मैदान पs जीतलस, जवन टीम इंडिया के आत्मविश्वास के साफ झलक देखवलस।
पहिले बल्लेबाजी करत साउथ अफ्रीका के टीम भारतीय गेंदबाजन के साेझा टिक ना पाइल। भारत टॉस जीत के पहिले गेंदबाजी के फैसला कइलस आ सुरुआत से दबाव बना देलस। वरुण चक्रवर्ती, अर्शदीप सिंह, हर्षित राणा आ कुलदीप यादव लगातार झटका देत रहस। पूरा साउथ अफ्रीकी टीम 20 ओवर में मात्र 117 रन पs ऑलआउट हो गइल। कप्तान एडेन मार्करम जरूर अकेले डट के खेललें आ 46 गेना पs 61 रन बना के अर्धशतक लगवलें, बाकिर उनका अलावा कवनो बल्लेबाज दहाई अंक तक पार ना कs सकल। भारत के तरफ से वरुण, अर्शदीप, हर्षित आ कुलदीप के दु-दु विकेट मिलल, जबकि हार्दिक पांड्या आ शिवम दुबे के एक-एक सफलता मिलल।
118 रन के आसान लक्ष्य के पीछा में भारत के सुरुआत सानदार रहल। अभिषेक शर्मा आ शुभमन गिल मैदान पs उतरतही साउथ अफ्रीकी गेंदबाजन पs टूट पड़ल लोग। दुनो मिल के पहिलका विकेट खातिर 60 रन जोड़ देलें। अभिषेक शर्मा 18 गेना में 3 चौका आ 3 छक्का लगावत 35 रन के ताबड़तोड़ पारी खेललें। गिल संयम से खेलत 28 रन बनवलें। एह साझेदारी के बाद तिलक वर्मा आ गिल, आउर बाद में तिलक वर्मा आ शिवम दुबे टीम के जीत तक ले गइल लोग।
तिलक वर्मा 34 गेंद में नाबाद 25 रन बनवले आ शिवम दुबे 4 गेना में चौका-छक्का लगाके मैच खत्म कs देलें। कप्तान सूर्यकुमार यादव एक बेर फेर खास कमाल ना देखवा पवलें आ 12 रन बनाके आउट हो गइलें।
एह मैच में तिलक वर्मा टी20 क्रिकेट में 4000 रन पूरा करे वाला तीसरका सबसे तेज बल्लेबाज बन गइलें। उ 125 पारी में ई उपलब्धि हासिल कइलें।
गेंदबाजी में हार्दिक पांड्या टी20 इंटरनेशनल में 100 विकेट पूरा करे वाला तीसरा भारतीय बन गइलें, जबकि वरुण चक्रवर्ती तेजी से 50 विकेट पूरा कइलें।






