Year Ender 2025 : क्रिकेट मैदान पs 8 बेर भिड़ल भारत-पाकिस्तान, टीम इंडिया रहल पाक पs भारी

India vs Pakistan cricket match Year Ender 2025 highlights

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। एसीसी मेंस अंडर-19 एशिया कप 2025 के फाइनल में अतवार के दिने पाकिस्तान अंडर-19 टीम भारत अंडर-19 टीम के 191 रन से हराके पहिला बेर खिताब जीत लेलस। एह हार के बादो साल 2025 में कुल मिला के भारत-पाकिस्तान के भिड़ंत में टीम इंडिया के पलड़ा भारी रहल।

साल 2025 में क्रिकेट के मैदान पs भारत आ पाकिस्तान के बीच कुल 8 बेर मुकाबला भइल। एह दौरान भारत 6 मैच जीत के दबदबा बना के रखलस, जबकि पाकिस्तान खाली 2 मुकाबला जीत सकल। माने साफ बा कि पूरा साल टीम इंडिया पाकिस्तान पs भारी पड़ल।

चैंपियंस ट्रॉफी 2025

चैंपियंस ट्रॉफी 2025 के ग्रुप स्टेज में भारत आ पाकिस्तान के बीच कड़ा मुकाबला देखे के मिलल। पहिले बैटिंग करत पाकिस्तान टीम 241 रन पs सिमट गइल। जवाब में विराट कोहली के नाबाद शतक के दम पs भारत 42.3 ओवर में लक्ष्य हासिल कs लेलस आ 6 विकेट से जीत दर्ज कइलस।

एशिया कप 2025

एशिया कप 2025 में भारत आ पाकिस्तान के तीन बेर टक्कर भइल। तीनो मुकाबला में टीम इंडिया जीत हासिल कइलस। ग्रुप स्टेज में भारत 7 विकेट से जीतल, सुपर-4 में 6 विकेट से हरवलस आ फाइनल में मैन इन ब्लू, मैन इन ग्रीन के 5 विकेट से शिकस्त दे देलस।

राइजिंग स्टार एशिया कप

राइजिंग स्टार एशिया कप के ग्रुप स्टेज मुकाबला में पाकिस्तान ए टीम इंडिया ए के 8 विकेट से हरवले रहे। ई पाकिस्तान के साल के गिनल-चुनल जीतन में से एगो रहे।

विमेंस वर्ल्ड कप 2025

हरमनप्रीत कौर के कप्तानी में भारतीय महिला टीम विमेंस वर्ल्ड कप 2025 के खिताब जीत लेलस। ग्रुप स्टेज में भारतीय महिला टीम पाकिस्तानी महिला टीम के 88 रन से शिकस्त देलस।

मेंस अंडर-19 एशिया कप

अंडर-19 एशिया कप में भारत आ पाकिस्तान के बीच 2 बेर मुकाबला भइल। ग्रुप स्टेज में भारत 90 रन से जीत दर्ज कइलस, जबकि फाइनल में पाकिस्तान भारत के 191 रन से हराके बदला लेलस।

Read Also : West Bengal Politics : टीएमसी से निलंबित विधायक हुमायूं कबीर आपन नया पार्टी बनवलें, बंगाल में एतना सीट पs चुनाव लड़े के संभावना

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-