West Bengal Politics : टीएमसी से निलंबित विधायक हुमायूं कबीर आपन नया पार्टी बनवलें, बंगाल में एतना सीट पs चुनाव लड़े के संभावना

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 22, 2025

कोलकाता। मुर्शिदाबाद में बाबरी मस्जिद के नेव रखे वाला तृणमूल कांग्रेस से निलंबित विधायक हुमायूं कबीर आपन अलग राजनीतिक पार्टी के ऐलान कs देलें बाड़ें। हुमायूं कबीर अपना पार्टी के नाम जनता उन्नयन पार्टी रखले

Share

Humayun Kabir announces formation of Janta Unnayan Party in West Bengal

कोलकाता। मुर्शिदाबाद में बाबरी मस्जिद के नेव रखे वाला तृणमूल कांग्रेस से निलंबित विधायक हुमायूं कबीर आपन अलग राजनीतिक पार्टी के ऐलान कs देलें बाड़ें।

हुमायूं कबीर अपना पार्टी के नाम जनता उन्नयन पार्टी रखले बाड़ें। पार्टी के चुनाव चिह्न के बारे में बतावत हुमायूं कबीर कहलें कि उनकर पहिला पसंद ‘टेबुल’ बा। दूसरका पसंद जुड़वा गुलाब (ट्विन रोजेज) बा।

294 सीट पs चुनाव लड़े के बा तइयारी

हुमायूं कबीर बतवलें कि जरूरत पड़ला पs ऊ बंगाल के सब 294 विधानसभा सीटन पs आपन उम्मीदवार उतार सकत बाड़ें। हालांकि आज दुपहरिया में जिला के रेजीनगर में होखे वाला सभा से पार्टी के नाम के औपचारिक घोषणा कइल जाई। एह सभा खातिर सुरक्षा के कड़ा इंतजाम कइल गइल बा।

हुमायूं मीडिया से कहलें कि उनकर पार्टी आम जनता के विकास के मुद्दा पs काम करी। एही सोच के आधार पs पार्टी के नाम जनता उन्नयन पार्टी रखल गइल बा। उन्नयन के मतलब विकास होला।

ममता सरकार के खिलाफ एकजुट होखे के अपील

हुमायूं कबीर तृणमूल कांग्रेस आ भाजपा के विरोधी दलन से अपील कइले बाड़ें कि सब केहू एकजुट होखे आ अगिला साल होखे वाला विधानसभा चुनाव में ममता बनर्जी के तृणमूल कांग्रेस सरकार के हटावे खातिर गठबंधन में चुनाव लड़े।

Read Also: Tulsi Pujan 2025 : 25 दिसंबर के तुलसी पूजन, सुभ फल खातिर करीं ई काम

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.