Asian Cup Qualifiers : भारत हांगकांग के हरवलस, रेयान विलियम्स डेब्यू में मचवलें धूम

India Beat Hong Kong Asian Cup Qualifiers

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारत मंगर के दिन एएफसी एशियन कप 2027 क्वालीफायर्स में आपन पहिला जीत हासिल कइलस। भारतीय फुटबाल टीम जवाहरलाल नेहरू इंटरनेशनल स्टेडियम में खेलल गइल मैच में हांगकांग के 2-1 से हरा देलस।

भारत के जीत में डेब्यू कs रहल रेयान विलियम्स सबसे जादे चमकलें। ऊ मैच के चउथा मिनट में गोल मार के टीम के बढ़त दिलवलें। ओकरा बाद अकाश मिश्रा 50वां मिनट में गोल मार के बढ़त दोगुना कs देलें। हांगकांग खातिर एवर्टन कैमारगो 65वां मिनट में गोल मार के अंतर कम कइलें।

भारत के अभियान खतम

भारतीय टीम पहिलहीं एशियन कप खातिर क्वालीफाई करे के दउड़ से बाहर हो चुकल रहे। टीम ग्रुप-सी में आखिरी स्थान पs रहत आपन अभियान खतम कइलस। भारत एक जीत आ दू ड्रॉ के संगे कुल पांच अंक हासिल कइलें।

आक्रामक अंदाज में खेलल भारत

कोच खालिद जमील के मार्गदर्शन में भारतीय टीम अलग अंदाज में नजर आइल। आमतौर पs डिफेंसिव खेल खातिर जानल जाये वाली टीम एह मैच में आक्रामक रणनीति अपनवलस।

दर्शकन के भरपूर समर्थन मिलल, जवन खेल में साफ लउकल। चउथा मिनट में मानवीर सिंह दाहिना ओर से सानदार क्रॉस देलें, जवना पs रेयान विलियम्स सही टाइमिंग से गेना के जाल में डाल देलें।

50वां मिनट में राहुल भेके लमहर थ्रो फेंकलें, जवना पs अकाश मिश्रा गोल कs के भारत के जीत पक्का कs देलें।

Read Also: Hanuman Jayanti 2026 : हनुमान जयंती पs ‘श्रीहनुमत पंचरत्नम’ के पाठ से बजरंगबली होलें प्रसन्न, मिलेला कइयन गुना फल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-