IND W vs AUS W: भारत के बेटी लोग रचल इतिहास, सबसे बड़ रन चेज कs के फाइनल में पहुंचल भारत, कंगारू टीम के हरावे में एह 5 खिलाड़ियन के रहल अहम जोगदान 

India women cricket team celebrates historic win against Australia — record run chase secures place in ICC Women’s World Cup 2025 final.

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय महिला क्रिकेट टीम बियफे के दिन इतिहास रच देलस। कप्तान हरमनप्रीत कौर के अगुआई में भारत सात बार के चैंपियन ऑस्ट्रेलिया के 9 गेना बाकी रहते 5 विकेट से हरा देलस आ महिला वनडे वर्ल्ड कप 2025 के फाइनल में आपन जगह पक्का कs लेलस।

नवी मुंबई के डीवाई पाटिल स्टेडियम में खेलल गइल एह मैच में ऑस्ट्रेलिया पहिले बल्लेबाजी करत 49.5 ओवर में 338 रन पs ऑलआउट भइल। जवाब में भारत के बेटी लोग 48.3 ओवर में पांच विकेट गंवावत 339 रन बना के जीत हासिल कs लिहल लोग। ई भारत के महिला वनडे इतिहास के सबसे बड़ रन चेज रहल।

अब फाइनल में भारत के टक्कर दक्षिण अफ्रीका से होई, जे इंग्लैंड के 125 रन से हरवले बिया। फाइनल अतवार के नवी मुंबई के डीवाई पाटिल स्टेडियम पs होई।

एह 5 खिलाड़ियन के रहल अहम जोगदान

जेमिमा रोड्रिग्ज- भारत के जीत के असली हीरोइन

तीसरा नंबर पs बैटिंग करे आइल जेमिमा रोड्रिग्ज़ 134 गेना पs 14 चौका लगावत नाबाद 127 रन ठोक देलें। ई उनकर अब तक के सबसे बढ़िया पारी में से एक रहल। ऊ वनडे वर्ल्ड कप के नॉकआउट मैच में शतक ठोके वाली दुसरका भारतीय महिला बल्लेबाज बनली।

हरमनप्रीत कौर- कप्तानी में दम, बल्लेबाजी में धमाल

कप्तान हरमनप्रीत कौर 88 गेना पs 88 रन बना के भारत के पारी के मजबूत नेव रखली। जेमिमा के संगे मिल के ऊ तीसरा विकेट खातिर 167 रन के साझेदारी कइली। ई जीत में हरमनप्रीत के रोल अतना बड़ रहे कि ऊ हर फैन के दिल जीत लीं।

दीप्ति शर्मा- बल्ला से कमाल, गेना से धमाल

दीप्ति शर्मा 9.5 ओवर में 73 रन देके 2 विकेट चटकवलीं। बल्लेबाजी में ऊ 17 गेना पs 24 रन बना के टीम के संकट में संभार लेली। जेमिमा के संगे 38 रन के पार्टनरशिप भारत के जीत के राह साफ कs देलस।

ऋचा घोष- छोट पारी, बाकिर करारा वार

ऋचा घोष 16 गेना पs 26 रन ठोक देली, जवना में 2 चौका आ 2 छक्का सामिल रहल। ऊ जब मैदान में उतरली तs मैच रोमांचक मोड़ पs रहे, बाकिर उनकर दुगो छक्का से भारत के जीत नजदीक आ गइल।

अमनजोत कौर- जीत दिलावे वाला चौका

अमनजोत कौर भारत के जीत के मोहर लगा दिहली। मोलिन्यूक्स के गेना पs प्वाइंट के पार लगावल उनकर चौका भारत के फाइनल में पहुंचा देलस। ऊ 8 गेना पs नाबाद 15 रन बनवली आ गेंदबाजी में 8 ओवर में 51 रन देके 1 विकेट चटकवली।

अब भारत फाइनल में अफ्रीका से भिड़े खातिर तइयार बा। पूरा देस बेटियन पs गर्व करत बा, जे आपन बल्ला आ हिम्मत से नया इतिहास रच देले बा लोग।

Read Also: Ekta Diwas 2025 : सरदार पटेल के 150वीं जयंती पs भव्य परेड, पीएम मोदी स्टैच्यू ऑफ यूनिटी पs देलें श्रद्धांजलि

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-