IND vs SA 1st T20I : हार्दिक पांड्या के तूफान के बाद गेंदबाजन के दबदबा, भारत जीत के संगे सीरीज के कइलस सुरुआत

Hardik Pandya celebrates fifty as India defeat South Africa by 101 runs in the 1st T20I at Cuttack

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। ऑलराउंडर हार्दिक पांड्या के धुआंधार फिफ्टी (59*) आ गेंदबाजन के सानदार प्रदर्शन के दम पs टीम इंडिया कटक में भइल पहिला टी20 मैच में साउथ अफ्रीका के 101 रन से हरावत दमदार जीत हासिल कइलस। पहिले बैटिंग करे उतरल भारतीय टीम 20 ओवर में 6 विकेट पs 175 रन बनवले रहे।

ओस के चलते लागत रहे कि टीम इंडिया 15-20 रन कम रह गइल बिया। बाकिर जवाब में साउथ अफ्रीका के टीम 12.3 ओवर में मात्र 74 रन पs ढेर हो गइल। ई टी20 इंटरनेशनल में अफ्रीका के सबसे कम स्कोर बा। भारत 5 मैच के टी20 सीरीज में 1-0 के बढ़त ले लेले बा।

शुभमन गिल आ सूर्या के ना चलल बल्ला

टॉस हार के भारत पहिले बैटिंग करे उतरल, बाकिर सुरुआत खराब रहल। चोट से वापसी करत उप-कप्तान शुभमन गिल पहिलके ओवर में आउट हो गइलें। लुंगी एनगिडी के गेना पs मार्को यानसेन कैच पकड़लें। गिल 2 गेना पs 4 रन बनवलें। कप्तान सूर्यकुमार यादव नंबर 3 पs अइलें, बाकिर उहो जल्दिये आउट हो गइलें। सूर्या 11 गेना पs 12 रन बना के पवेलियन लवटलें।

अभिषेक शर्मा आ तिलक वर्मा के ना लउकल कमाल 

दुगो विकेट जल्दिये गिरला से अभिषेक शर्मा पs दबाव बढ़ल। ऊ आक्रामक खेल खेले के चहलें, बाकिर यानसेन के हाथ में कैच दे बइठलें। अभिषेक 12 गेना पs 17 रन बना पवलें। ओहिजा तिलक वर्मा 32 गेना पs 26 रन के धीमा पारी खेललें।

हार्दिक पांड्या के तूफानी पारी

5 नंबर पs आइल अक्षर पटेल 21 गेना पs 23 रन ठोकलें। हार्दिक के संगे ऊ 14 गेना पs 26 रन जोड़लें। शिवम दुबे 9 गेना पs 11 रन बना के आउट भइलें। हार्दिक पांड्या तs तूफान मचा देलें- ऊ 28 गेना पs नाबाद 59 रन, 6 चौका आ 4 छक्का लगवलें।
एह पारी के संगही हार्दिक के टी20I में 100 छक्का पूरा हो गइल। जितेश शर्मा 5 गेना पs 10 रन बना के नाबाद रहलें।

टी20I में भारत खातिर सबसे जादा छक्का

  • 205 – रोहित शर्मा
  • 155 – सूर्यकुमार यादव
  • 124 – विराट कोहली
  • 100 – हार्दिक पांड्या
  • 99 – केएल राहुल

गेंदबाजन के कहर से अफ्रीका ढेर

176 रन चेज करे उतरल अफ्रीका के टीम पs भारतीय गेंदबाज पहिलके ओवर से हावी रहल लोग। अर्शदीप सिंह पहिला ओवर में डी कॉक के स्लिप में अभिषेक शर्मा के हाथन कैच करववलें, ऊ बिना खाता खोललें आउट हो गइलें। तीसरका ओवर में अर्शदीप फेर ट्रिस्टन स्टब्स (14) के कीपर जितेश के हाथे कैच आउट करवलें।

हार्दिक गेना से चमकलें

पावरप्ले के आखिरी ओवर में अक्षर पटेल अफ्रीका के कप्तान एडेन मार्करम (14) के बोल्ड कs देले। पावरप्ले खत्म होखतही हार्दिक पांड्या गेंदबाजी पs अइलें आ पहिलका गेना पs डेंजरमैन डेविड मिलर (1) के पवेलियन भेज देलें। वरुण चक्रवर्ती फेर डोनोवन फरेरा (5) आ यानसेन (12) के आउट कइलें। एकरा बाद अफ्रीका पूरी तरे बैकफुट पs चल गइल।

बुमराह के दोहरा हमला – 100 विकेट पूरा

ड्रिंक्स के बाद जसप्रीत बुमराह अइलें आ 11वां ओवर में डेवल्ड ब्रेविस (22) के आउट कs  देलें। एह विकेट के संगे बुमराह टी20I में 100 विकेट पूरा कs लेलें। ऊ तीनो फॉर्मेट में 100 विकेट लेवे वाला पहिला भारतीय गेंदबाज बन गइलें। एही ओवर में ऊ केशव महाराज (0) के आउट कs देलें।

तीनों फॉर्मेट में 100 विकेट लेवे वाला गेंदबाज

  • लसिथ मलिंगा
  • टिम साउदी
  • शाकिब अल हसन
  • शाहीन अफरीदी
  • जसप्रीत बुमराह

अंतिम झटका

अक्षर पटेल नॉर्टजे के बोल्ड कइलें। शिवम दुबे लुथो सिपामला के आउट कs के अफ्रीका के पारी खत्म कs देलें।

भारत खातिर अर्शदीप, बुमराह, वरुण चक्रवर्ती, अक्षर पटेल  2-2 विकेट लिहल लोग। हार्दिक पांड्या, शिवम दुबे के 1-1 विकेट लिहल लोग।

Read Also: Rajasthan Road Accident : खाटू श्याम जा रहल तीर्थयात्रियन के बस सीकर में ट्रक से टकराइल, तीन के मौत, 28 घायल

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-