Rajasthan Road Accident : खाटू श्याम जा रहल तीर्थयात्रियन के बस सीकर में ट्रक से टकराइल, तीन के मौत, 28 घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 10, 2025

नई दिल्ली। राजस्थान में 50 यात्रियन से भरल एगो बस दुखद हादसा के शिकार हो गइल। एह हादसा में 3 यात्रियन के मौत हो गइल आ 28 लोग घायल हो गइल। बस में सवार सब

Share

Bus carrying Khatu Shyam pilgrims collides with truck in Sikar, Rajasthan; 3 dead and 28 injured

नई दिल्ली। राजस्थान में 50 यात्रियन से भरल एगो बस दुखद हादसा के शिकार हो गइल। एह हादसा में 3 यात्रियन के मौत हो गइल आ 28 लोग घायल हो गइल। बस में सवार सब लोग वैष्णो देवी से दर्शन कs के लौटत रहे लोग आ खाटू श्याम के दर्शन करे जात रहे लोग।

ई घटना मंगर के रात करीब 11 बजे जयपुर-बीकानेर हाईवे के लगे फतेहपुर में भइल। फतेहपुर के लगे बस अचानक ट्रक से जा टकराइल। टक्कर अतना जोरदार रहे कि तीन यात्रियन के घटनास्थल पs मौत हो गइल।

पुलिस के जानकारी

फतेहपुर SHO महेंद्र कुमार बतवलें कि ई एगो स्लीपर बस रहे, जवना में करीब 50 यात्री सवार रहे लाेग। हादसा में 3 लोग के मौत भइल बा आ 28 लोग घायल बा। ओमे से 7 लोग के हालत गंभीर बतावल जा रहल बा।

हादसा काहे भइल-अभी साफ ना

सब घायल लोग के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। हादसा कइसन भइल, ई अभी साफ ना हो पावत रहे। पुलिस केस दर्ज कs लेले बा आ पूरा घटना के जांच चल रहल बा।

Read Also: Weather Update : दिल्ली-यूपी सहित 15 राज्यन में  कहर ढाह रहल बा ठंड, शीतलहर आ बरखा के अलर्ट जारी

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.