स्पोर्ट्स डेस्क। आज टी20 वर्ल्ड कप 2026 में भारत आ पाकिस्तान के बीच महामुकाबला खेलल जाई। ई मुकाबला कोलंबो के आर प्रेमदासा स्टेडियम में सांझ 7 बजे से सुरू होई। क्रिकेट आ सियासत के घालमेल से पैदा भइल तनातनी तनिका समय खातिर थमल बा आ अब दुनिया के सबसे चर्चित मुकाबला पs सब केहू के नजर टिकल बा।
भारतीय टीम खातिर खुसखबरी ई बा कि सलामी बल्लेबाज अभिषेक शर्मा वापसी खातिर तइयार बाड़ें। कप्तान सूर्यकुमार यादव प्री-मैच कॉन्फ्रेंस में साफ कह देलें बाड़ें कि अभिषेक आज के मैच में खेलिहें। नेट्स में ऊ बढ़िया से अभ्यास करत नजर अइलें। अभिषेक के वापसी से टॉप ऑर्डर में मजबूती मिली, बाकिर एकरा से संजू सैमसन के पत्ता कटे के पूरा चांस बा।
कोलंबो के पिच आमतौर पs स्पिनरन के मददगार मानल जाला। एह हालात में भारत तीन स्पिनर के संगे उतर सकेला। अक्षर पटेल आ वरुण चक्रवर्ती पहिलही से टीम में बा लोग, अब बायां हाथ के कलाई स्पिनर कुलदीप यादव के एंट्री संभव बा। जदि कुलदीप खेलत बाड़ें तs रिंकू सिंह भा अर्शदीप सिंह में से केहू एगो बाहर बइठ सकेला। बाबर आजम के खिलाफ कुलदीप के रिकॉर्ड बढ़िया रहल बा, एकरा से टीम मैनेजमेंट उनका पs भरोसा जता सकेला।
बल्लेबाजी में हालांकि भारत के सुधार करे के जरूरत बा। सुरुआती मैचन में मिडिल ऑर्डर पs दबाव देखे के मिलल। सूर्यकुमार यादव, ईशान किशन आ हार्दिक पांड्या संकटमोचक बनल बा लोग, बाकिर बड़ टूर्नामेंट में पूरा यूनिट के चलल जरूरी बा। गेंदबाजी में जसप्रीत बुमराह से लेके वरुण चक्रवर्ती तक कइयन गो मैच विनर मवजूद बा लोग।
पाकिस्तान टीम खातिर कोलंबो के हालात फायदेमंद बा काहेकि ऊ लोग इहां के पिच के बढ़िया से जानेला। पाकिस्तान में फखर जमां के वापसी हो सकेला। कप्तान सलमान आगा संकेत देले बाड़ें कि टीम चार विशेषज्ञ गेंदबाज के संगे उतरी। एहसे तेज गेंदबाज नसीम शाह के एंट्री संभव बा आ केहू एगो खिलाड़ी बाहर बैठ सकेला।
संभावित प्लेइंग-11
भारत: अभिषेक शर्मा/वॉशिंगटन सुंदर, ईशान किशन (विकेटकीपर), तिलक वर्मा, सूर्यकुमार यादव (कप्तान), अक्षर पटेल, हार्दिक पांड्या, शिवम दुबे, रिंकू सिंह, जसप्रीत बुमराह, अर्शदीप सिंह/कुलदीप यादव, वरुण चक्रवर्ती।
पाकिस्तान: सैम अयूब, साहिबजादा फरहान, सलमान आगा (कप्तान), बाबर आजम, उस्मान खान/फखर जमां, शादाब खान, मोहम्मद नवाज/नसीम शाह, फहीम अशरफ, शाहीन अफरीदी, उस्मान तारिक, अबरार अहमद।







