स्पोर्ट्स डेस्क। Ind vs Oman T20 Record: एशिया कप 2025 में आज ग्रुप स्टेज के आखिरी मैच होखे के बा। ई मुकाबला भारत आ ओमान के बीच अबू धाबी में खेलल जाई। दूनो टीमें ग्रुप-ए के हिस्सा बाड़ी सs, जहां भारत पहिलही सुपर-4 खातिर क्वालीफाई कs लेले बा, तs ओमान टूर्नामेंट से बाहर हो चुकल बा।
अइसन में ओमान के टीम अपना आखिरी ग्रुप स्टेज मैच में जीत हासिल कs के आपन लाज बचावे के इरादा से खेले के उतरी। आईं जानल जाव भारत-ओमान के टीम के बीच टी20I में केतन बेर भिड़ंत हो चुकल बा।
Ind vs Oman T20 Record: केतना बार भइल बा आमना-सामना?
भारत आ ओमान (Ind vs Oman Asia Cup 2025) के टीम टी20 इंटरनेशनल में एक-दूसरा के सामना आज तक नइखे कइलें। हालांकि, दूनो टीम के भिड़ंत पिछिला साल इमर्जिंग एशिया कप में भइल रहे, जेमे इंडिया-ए के टीम जवना के कप्तानी तिलक वर्मा के लगे रहे, ऊ ओमान के 6 विकेट से हरवले रहे।
ओमान के फुल मेंबर नेशनल के खिलाफ अभी तक खाली 2016 आ 2019 में आयरलैंड के खिलाफ जीत हासिल भइल रहे। आज अबू धाबी में ओकर नजर भारत के खिलाफ एगो बड़ जीत हासिल करे पs होई।
Ind vs Oman: टीम इंडिया रची इतिहास
ओमान के खिलाफ आज अबू धाबी के मैदान पs मैच खेले जइसही टीम इंडिया (India 250th T20I match today vs Oman)उतरी, उ एगो बहुते खास रिकॉर्ड अपना नावे कs ली। टीम इंडिया 250 टी20 इंटरनेशनल मैच खेले वाली दुनिया के दूसरका टीम बन जाई। एह फॉर्मेट में सबसे जादे मैच खेले के रिकॉर्ड पाकिस्तान के लगे बा, जे अब तक 275 टी20i मैच खेलले बा।
एह लिस्ट में तीसरका नंबर पs न्यूजीलैंड बा, जे 235 मैच खेलले बा, जबकि नंबर 4 पs वेस्टइंडीज (228 मैच) आ पांचवां पs श्रीलंका (212 मैच) ck।
Ind vs Oman Asia Cup 2025: के जीती?
भारत आ ओमान के बीच आज भिड़ंत होखे के बा। अइसन में के आज के एशिया कप मैच के जीती, एकर चरचा तेज हो रहल बा। गूगल के जीत प्रीडिक्शन के हिसाब से भारत के ई मैच जीते के 99.5 प्रतिशत चांस बा।
IND vs Oman Asia Cup 2025: दूनो टीम
भारत: सूर्यकुमार यादव (कप्तान), शुभमन गिल, अभिषेक शर्मा, तिलक वर्मा, हार्दिक पांड्या, शिवम दुबे, अक्षर पटेल, जितेश शर्मा, जसप्रीत बुमराह, अर्शदीप सिंह, वरुण चक्रवर्ती, कुलदीप यादव, संजू सैमसन, अर्शदीप सिंह, रिंकू सिंह।
ओमान: आमिर कलीम, जतिंदर सिंह (कप्तान), हम्माद मिर्जा, विनायक शुक्ला (विकेटकीपर), वसीम अली, हसनैन शाह, शाह फैसल, जितेन रामानंदी, आर्यन बिष्ट, शकील अहमद, समय श्रीवास्तव, मोहम्मद नदीम, सुफियान महमूद, करण सोनावले, आशीष ओडेदरा, मोहम्मद इमरान, जिक्रिया इस्लाम, नदीम खान, सुफियान यूसुफ।