स्पोर्ट्स डेस्क। भारतीय क्रिकेट टीम टी20 वर्ल्ड कप 2026 के फाइनल में पहुंच गइल बिया। अब आज अतवार के खेलल जाये वाला खिताबी मुकाबला में भारत के सामना न्यूजीलैंड से होखे वाला बा। ई बड़ मैच अहमदाबाद के नरेंद्र मोदी स्टेडियम में खेलल जाई। फाइनल से पहिले भारतीय टीम मैनेजमेंट के सामने सबसे बड़ सवाल ई बा कि प्लेइंग-11 में बदलाव कइल जाव कि जीत वाला कॉम्बिनेशन के बरकरार रखल जाव। खास तौर पs स्पिन गेंदबाजी में वरुण चक्रवर्ती आ कुलदीप यादव के लेके बहुते चरचा चल रहल बा।
वरुण के ‘मिस्ट्री स्पिन’ अब असरदार ना?
वरुण चक्रवर्ती के क्रिकेट दुनिया में “मिस्ट्री स्पिनर” के रूप में पहचान मिलल बा। उनकर लेग स्पिन के समझल बल्लेबाजन खातिर हमेसा मुश्किल रहल बा। आईपीएल से लेके अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट तक ऊ अपना रहस्यमयी गेंदबाजी से कइयन बेर टीम के जीत दिलवले बाड़ें। टी20 फॉर्मेट में आईसीसी रैंकिंगो में ऊ टॉप गेंदबाज मानल जात बाड़ें।
बाकिर टी20 वर्ल्ड कप 2026 में हाल के मैचन में उनकर असर कुछ कम रहल बा। अब तक टूर्नामेंट में वरुण 8 मैच में 13 विकेट जरूर लेले बाड़ें, बाकिर पिछिला कुछ मुकाबलन में विरोधी टीम के बल्लेबाज उनकर गेना आसानी से पढ़ लेत बा लो। एह वजह से उनकर ‘मिस्ट्री’ अब पहिले जइसन खतरनाक नइखे लागत।
छोट टीमन के खिलाफ चमकलें, बड़े मैच में फीका
ग्रुप स्टेज के दौरान छोट टीमन के खिलाफ वरुण चक्रवर्ती सानदार प्रदर्शन कइले रहलें। चार मैच में ऊ 9 विकेट लेके टीम के मजबूत बनवले रहस। बाकिर जइसही सुपर-8 स्टेज सुरू भइल, उनकर गेंदबाजी में धार कम हो गइल।
सुपर-8 के तीन मैच में वरुण महंगा साबित भइलें आ खाली तीन विकेट ले सकलें। इंग्लैंड के खिलाफ सेमीफाइनल तs उनका खातिर सबसे खराब मैच साबित भइल। ऊ चार ओवर में 64 रन देके बस एक विकेट ले सकलें। एह मैच में भारत के हालत कुछ देर खातिर खराब हो गइल रहे, बाकिर जसप्रीत बुमराह सानदार गेंदबाजी कs के टीम के संभार लेलें।
वेस्टइंडीज के खिलाफ मैच में वरुण चार ओवर में 40 रन दे देलें, जबकि जिम्बाब्वे के खिलाफ 35 रन खर्च कइले रहलें।
कप्तान सूर्यकुमार के बा भरोसा
हालांकि खराब प्रदर्शन के बावजूद भारतीय कप्तान सूर्यकुमार यादव अभियो वरुण चक्रवर्ती के मिस्ट्री स्पिन पs भरोसा जतावत बाड़ें। टीम मैनेजमेंट के माने के बा कि वरुण के अनोखा गेंदबाजी न्यूजीलैंड के मिडिल ऑर्डर के परेसान कs सकेला।
वरुण मिडिल ओवर में आक्रामक गेंदबाजी करे में माहिर बाड़ें आ जरूरत पड़ला पs पावरप्ले में गेना डाल सकेलें। टीम मैनेजमेंट आमतौर पs जीतत टीम में जादे बदलाव करे से बचेले, एही से संभावना बा कि वरुण के एगो आउर मवका मिल सकेला।
कुलदीप यादव मजबूत विकल्प
दूसरका ओर कुलदीप यादव मवजूदा समय में दुनिया के सबसे बढ़िया कलाई स्पिनरन में गिनल जात बाड़ें। उनकर अनुभव आ बड़ मैच में दबाव झेले के क्षमता टीम के काम आ सकेला। टी20 इंटरनेशनल में कुलदीप 54 मैच खेल के 95 विकेट ले चुकल बाड़ें।
टी20 वर्ल्ड कप 2026 में कुलदीप के अभी तक खाली पाकिस्तान के खिलाफ एके मैच खेले के मवका मिलल रहे, जहां ऊ तीन ओवर में 14 रन देके एक विकेट लेले रहस।अहमदाबाद के नरेंद्र मोदी स्टेडियम पs उनकर रिकॉर्ड बढ़िया रहल बा। 2023 वनडे वर्ल्ड कप के दौरान ऊ एही मैदान पर सानदार गेंदबाजी कइले रहस।
अभिषेक शर्मा के प्रदर्शन पs रही नजर
टीम चयन में एगो आउर चरचा अभिषेक शर्मा के लेके बा। ऊ एह टूर्नामेंट में कइयन गो मवका पवले बाड़ें, बाकिर उम्मीद के मोताबिक प्रदर्शन ना कs सकलें। अभी तक ऊ बस एगो अर्धशतक बना सकल बाड़ें। खास कs के ऑफ-स्पिन के खिलाफ उनकर कमजोरी साफ देखाई दे रहल बा।
फाइनल में टीम मैनेजमेंट एक बेर फेर अभिषेक पs भरोसा जताई कि नया विकल्प तलाश करी, इहो देखे लायक होई।
न्यूजीलैंड बिना बदलाव उतर सकेला
न्यूजीलैंड के टीम सेमीफाइनल में दक्षिण अफ्रीका के हराके जबरदस्त फॉर्म में बिया। ओपनर टिम साइफर्ट आ फिन एलेन सानदार बल्लेबाजी करत बा लोग। साइफर्ट अर्धशतक आ एलेन शतक लगाके टीम के फाइनल तक पहुंचावे में अहम भूमिका निभवले बा लोग।
कीवी टीम के लगे तेज गेंदबाज आ स्पिनर के अच्छा संतुलन बा, एह से संभावना बा कि ऊ फाइनल में बिना कवनो बदलाव के मैदान में उतरी।
संभावित प्लेइंग-11
भारत:
संजू सैमसन (विकेटकीपर), अभिषेक शर्मा, ईशान किशन, सूर्यकुमार यादव (कप्तान), शिवम दुबे, तिलक वर्मा, हार्दिक पांड्या, अक्षर पटेल, वरुण चक्रवर्ती/कुलदीप यादव, जसप्रीत बुमराह, अर्शदीप सिंह।
न्यूजीलैंड:
टिम साइफर्ट (विकेटकीपर), फिन एलेन, रचिन रवींद्र, ग्लेन फिलिप्स, मार्क चैपमैन, डेरिल मिचेल, जेम्स नीशम, मिचेल सैंटनर (कप्तान), कोल मैककॉन्की, मैट हेनरी, लोकी फर्ग्यूसन।
Read Also: 08 मार्च 2026 के राशिफल







