IND vs NED Playing 11 : दूगो तेज गेंदबाज के संगे उतर सकेला भारत, कुलदीप के जगह खतरा में? का होई बड़ बदलाव

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। लगातार तीन गो मैच जीत के ग्रुप-ए में टॉप पs चल रहल भारतीय टीम के सामना अब बुध के नीदरलैंड से होई। भारत पहिलही से सुपर-8 में पहुंच चुकल बा, एही से अगिला दौर से पहिले अपना कमी-कमजोरी सुधार करे के बढ़िया मौका मिली। पाकिस्तान के खिलाफ कोलंबो में खेलल पिछिला मैच में टीम तीन गो स्पिनर के मवका देले रहे, बाकिर अब मुकाबला अहमदाबाद के नरेंद्र मोदी स्टेडियम में बा। एह हालत में टीम फेर से दूगो विशेषज्ञ तेज गेंदबाजन के संगे उतर सकेला।

अभिषेक के फॉर्म में वापसी जरूरी

पिछिला दूगो पारी में खाता ना खोल पावे वाला सलामी बल्लेबाज अभिषेक शर्मा नीदरलैंड के खिलाफ बड़ पारी खेले के कोसिस करिहें। पिछिला 18 महीना में अभिषेक एह फॉर्मेट के खतरनाक बल्लेबाज बन के उभरल बाड़ें, बाकिर घरेलू मैदान पs चल रहल आईसीसी टूर्नामेंट में अभी तक आपन जलवा ना देखा सकल बाड़ें। अमेरिका के खिलाफ पहिला मैच में शून्य पs आउट होखला के बाद पेट के इंफेक्शन के चलते नामीबिया वाला मैच ना खेल पवले। पाकिस्तान के खिलाफ वापसी तs भइल, बाकिर फेर खाता ना खुल सकल।

अभिषेक जोखिम लेवे से घबराले ना आ उनकर बेखौफ बल्लेबाजी से भारत के कइयन गो मैच में जीत मिलल बा। बाकिर पिछिला छव गो पारी में चार बेर शून्य पs आउट होखल इशारा दे रहल बा कि पावरप्ले में रणनीति बदले के जरूरत बा।

ईशान पs रही नजर

दूसरका छोर पs ईशान किशन के सानदार फॉर्म के चलते अभिषेक के रन ना बनला के असर टीम पs नइखे पड़ल। पाकिस्तान के खिलाफ ईशान जवन खेल दिखवले, ओकरा बाद फेर से उनका से बड़ पारी के उम्मेद रही।

बल्लेबाजी क्रम में बदलाव के कम आसार

नीदरलैंड के खिलाफ बल्लेबाजी क्रम बदले के संभावना कम बा। हालांकि, अभी ले भारत स्पिन के सामने तनिका जूझत नजर आइल बा। नामीबिया के गेरहार्ड इरास्मस आ पाकिस्तान के उस्मान तारिक जइसन अपरंपरागत स्पिनर भारतीय बल्लेबाजन के परेसान कइले रहे। बाकिर नीदरलैंड के लगे अइसन मजबूत स्पिन अटैक नइखे, एही से भारतीय बल्लेबाजन के जादे दिक्कत ना होखे के चाहीं।

बुमराह के आराम मिली?

गेंदबाजी में भारत कुछ खिलाड़ी के सुपर-8 से पहिले आराम दे सकेला, जवना में जसप्रीत बुमराह के नामो बा। जदि बुमराह के आराम मिलत बा तs मोहम्मद सिराज आ अर्शदीप सिंह के मवका मिल सकेला। हालांकि, बल्लेबाजी कोच सितांशु कोटक के माने के बा कि बुमराह के आराम मिलला के संभावना कम बा। स्पिन विभाग के जिम्मेदारी वरुण चक्रवर्ती आ अक्षर पटेल संभार सकेला लोग आ कुलदीप यादव के बाहर बइठे के खतरा बा।

संभावित प्लेइंग-11

भारत: ईशान किशन (विकेटकीपर), अभिषेक शर्मा, तिलक वर्मा, सूर्यकुमार यादव (कप्तान), रिंकू सिंह, हार्दिक पांड्या, शिवम दुबे, अक्षर पटेल, जसप्रीत बुमराह, अर्शदीप सिंह, वरुण चक्रवर्ती।

नीदरलैंड: माइकल लेविट, मैक्स ओ’डौड, बास डि लीडे, कॉलिन एकरमैन, स्कॉट एडवर्ड्स (कप्तान/विकेटकीपर), जैक लियोन कैचेट, लोगान वान बीक, आर्यन दत्त, रोएलोफ वान डर मेरवे, काइल क्लेइन, फ्रेड क्लासेन।

Read Also: Rajyasabha Election : 10 राज्यन के 37 राज्यसभा सीटन पs चुनाव, आयोग तारीख घोषित कइलस

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-