IFJ Report : 2025 पत्रकारन खातिर रहल सबसे खतरनाक साल, दुनिया भर में 128 मीडियाकर्मी मारल गइलें; गाजा आ पश्चिम एशिया सबसे भयावह

Share

सेंट्रल डेस्क। साल 2025 पत्रकारिता के इतिहास में एगो डरावना साल बन के सामने आइल बा। इंटरनेशनल फेडरेशन ऑफ जर्नलिस्ट्स (IFJ) के ताजा रिपोर्ट बतावत बा कि बीतल साल दुनिया भर में 128 पत्रकार आ मीडियाकर्मियन के हत्या भइल। एह आंकड़ा से साफ बा कि सच्चाई लिखे-बोले वाला लोग आजो सबसे असुरक्षित वर्ग में गिनाइल जा रहल बा।

पश्चिम एशिया में सबसे जादे हत्या

IFJ के रिपोर्ट के मोताबिक, कुल 128 मौतन में से 74 पत्रकार पश्चिम एशिया आ अरब देसन में मारल गइलें। मतलब दुनिया में मारल गइल पत्रकारन के करीब 58 फीसदी के अकेला एह इलाका में जान गंवावे के पड़ल। युद्ध, संघर्ष आ राजनीतिक अस्थिरता के सीधा असर पत्रकारन पs पड़ रहल बा।

गाजा बनल दुनिया के सबसे खतरनाक इलाका

फलस्तीन के गाजा पट्टी 2025 में पत्रकारन खातिर सबसे भयावह इलाका बनल। रिपोर्ट बतावत बा कि खाली गाजा में 56 पत्रकारन के हत्या भइल। युद्ध के दौरान रिपोर्टिंग करत घरी पत्रकारन के जानबूझ के निशाना बनावल गइल।

सबसे दर्दनाक घटना 10 अगस्त 2025 के भइल, जब अल-जजीरा के रिपोर्टर अनस अल-शरीफ के हत्या कर दिहल गइल। ऊ अल-शिफा अस्पताल के लगे टेंट में मवजूद रहलें, जहां हमला में पांच गो आउर मीडियाकर्मी मारल गइल लोग।

दुनिया के बाकी देसन के हाल

रिपोर्ट के मोताबिक

  • यमन में 13 पत्रकार
  • यूक्रेन में 8 पत्रकार
  • सूडान में 6 पत्रकार
  • भारत आ पेरू में 4-4 पत्रकार
  • पाकिस्तान, मेक्सिको आ फिलीपींस में 3-3 पत्रकार मारल गइल लोग।

एशिया-प्रशांत में मौत से जादे गिरफ्तारी बनल चिंता

एशिया-प्रशांत क्षेत्रन में 2025 में 15 पत्रकारन के मौत भइल, बाकिर असली चिंता जेल में बंद पत्रकारन के संख्या बा। दुनिया भर में कैद 533 पत्रकारन में से 277 एशिया-प्रशांत में बंद बा लोग।

सबसे खराब इस्थिति चीन (हांगकांग सहित) के बा, जहां 143 पत्रकार जेल में बंद बा लोग। म्यांमार में 49 आ वियतनाम में 37 पत्रकार कैद बा लोग।

IFJ के चेतावनी

IFJ के महासचिव एंथनी बेलांजर कहलें कि “ई खाली आंकड़ा ना, बलुक एगो वैश्विक संकट हs। पत्रकारन के ओकर काम करे खातिर मारल जा रहल बा। सरकारन के तुरंत कार्रवाई करे के पड़ी, हत्यारन के सजा मिले आ प्रेस आजादी के सुरक्षा सुनिश्चित होखे।”

IFJ के मोताबिक, 1990 से अब तक 3173 पत्रकारन के हत्या हो चुकल बा, जवन दुनिया खातिर एगो गंभीर चेतावनी बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-