Weather Update : कड़ाका के ठंडा संगे सुरू भइल नया साल, उत्तर भारत में घना कोहरा, शीतलहर के कहर आ पहाड़न पs बर्फबारी

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 1, 2026

नई दिल्ली। नया साल उत्तर भारत खातिर कड़ा परीक्षा ले के आइल बा। साल के पहिलके दिन से उत्तर भारत के मैदानी इलाकन में घना कोहरा आ शीतलहर लोगन के बेहाल कs रहल बा, जबकि पहाड़ी

Share

यूपी के 65 जिलन में कोहरा छइला के अलर्ट जारी कइल गइल बा

नई दिल्ली। नया साल उत्तर भारत खातिर कड़ा परीक्षा ले के आइल बा। साल के पहिलके दिन से उत्तर भारत के मैदानी इलाकन में घना कोहरा आ शीतलहर लोगन के बेहाल कs रहल बा, जबकि पहाड़ी राज्यन में बर्फबारी के सिलसिला लगातार जारी बा। भारतीय मौसम विभाग (IMD) के मोताबिक, अगिला कुछ दिन तक ठंडा आउर बढ़े के आसार बा आ न्यूनतम तापमान में भारी गिरावट दर्ज हो सकेला।

दिल्ली-एनसीआर में घना कोहरा, विजिबिलिटी बहुते कम

आईएमडी के अनुसार, पंजाब, हरियाणा, चंडीगढ़, दिल्ली आ पश्चिमी उत्तर प्रदेश में बीतल कइयन दिनन से घना से बहुत घना कोहरा छाइल बा। नया साल के पहिला दिन दिल्ली-एनसीआर में सबेरे-सबेरे कोहरा एतना घन रहल कि विजिबिलिटी बहुते कम हो गइल। कइयन गो इलाकन में हलुका बरखा दर्ज कइल गइल, जवन पश्चिमी विक्षोभ के असर के चलते भइल।

पहाड़न पs बर्फबारी, मैदानी इलाकन में बढ़ी ठिठुरन

पश्चिमी विक्षोभ के कारण जम्मू-कश्मीर, लद्दाख, हिमाचल प्रदेश आ उत्तराखंड में हलुका से मध्यम बर्फबारी आ बरखा हो रहल बा, जवन 1-2 जनवरी तक जारी रहे के संभावना बा। मौसम वैज्ञानिकन के कहनाम बा कि जइसही पश्चिमी विक्षोभ कमजोर पड़ी, उत्तर दिशा से ठंडा हवा तेज हो जाई। एकरा से पंजाब, हरियाणा, दिल्ली-एनसीआर आ उत्तर प्रदेश में ठंडा आउर बढ़ी।

यूपी-बिहार में शीतलहर के अलर्ट

आईएमडी के मोताबिक, 3-4 जनवरी से ठंडा हवा बिहार आ पूर्वी उत्तर प्रदेश तक पहुंचे लागी, जहां शीतलहर के हालात बन सकेला। मौसम विभाग यूपी आ बिहार के कइयन गो जिलन में ‘कोल्ड डे’ के चेतावनी जारी कइले बा।

कोहरा से यातायात प्रभावित

कोहरा अब चिंता के सबसे बड़ कारण बन गइल बा। पंजाब, हरियाणा, चंडीगढ़, दिल्ली आ ओडिशा में 5 जनवरी तक रात आ सुबह घन कोहरा छाइल रहला के संभावना बा। एकरा से सड़क, रेल आ हवाई यातायात पs असर पड़ रहल बा। दिल्ली में न्यूनतम तापमान 10-12 डिग्री सेल्सियस आ अधिकतम 18-20 डिग्री के आसपास रहल।

मौसम विभाग के सलाह

मौसम विभाग लोगन से अपील कइले बा कि ठंड से बचाव खातिर गरम कपड़ा पहिनीं, बाहर निकलत घरी सावधानी बरतीं आ कोहरा में गाड़ी चलावत घरी धीमा रफ्तार रखीं। विभाग के कहनाम बा कि 3 जनवरी के बाद आसमान साफ हो सकेला, बाकिर ठंडा कम ना होई, बलुक आउर बढ़ी।

बरखा के बाद आउर गिरी पारा

पश्चिमी उत्तर प्रदेश आ उत्तराखंड के कुछ इलाकन में बरखा के आसार बा। बरखा के बाद ठंडा हवा आउर तेज हो जाई, जवन न्यूनतम तापमान में तेज गिरावट ले आई।

Read Also: New Rules 2026 : रेफ्रिजरेटर, टीवी आ एलपीजी स्टोव अब बिना स्टार रेटिंग के ना बिकी, आज 1 जनवरी से नियम लागू

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.