लटकत तोंद के वजह से होखे के पड़ेला शर्मिंदा त शुरू क दी इ 3 योगासन, मोट पेट हो जाई अंदर

Share

 

 

मोटापा सबसे पहिले कमर के साइड अवुरी पेट पs देखाई देवेला। पेट के मोटापा बहुत खतरनाक होखेला अवुरी एकरा से आपके स्वास्थ्य के भी खतरा हो सकता। अगर आपके पेट बड़ बा त आपके डायबिटीज, दिल के बेमारी, हाई ब्लड प्रेशर समेत बहुत जोखिम वाला बेमारी हो सकता। पेट में जमा चर्बी के सही आहार अवुरी योग के माध्यम से कम कईल जा सकता। योग मुद्रा आपके वजन कम करे अवुरी पेट के सुरक्षित अवुरी प्रभावी तरीका से टोन करे में मदद क सकता। पेट पs जमा चर्बी के पिघलावे खातीर कवन-कवन योगासन सबसे जादे कारगर बा, इ जान लीं।

पेट के चर्बी कम करे खातिर योग मुद्रा

हलासन (Plough pose)

• पीठ के बल लेट के आपन हथेली अपना बगल में फर्श पs रख दीं।

• पेट के मांसपेशी के इस्तेमाल करत गोड़ के 90 डिग्री ऊपर उठाईं।

• जमीन पs आपन हथेली मजबूती से लगाईं।

• गोड़ के पीछे लेके, माथा के पीछे रखी ।

• जरूरत पड़ला पs पीठ के निचला हिस्सा के हथेली से सहारा दीं।

• साँस लेत रहीं आ एह स्थिति के 15 से 20 सेकेंड ले बना के राखीं|

धनुरासन (Bow pose)

• पेट के बल लेट के गहिरा साँस लीं आ हाथ गोड़ के ऊपर उठाईं।

• ऊपर देख के कोशिश करीं कि हाथ गोड़ अधिका से अधिका ऊँच उठाईं|

• 20-30 सेकंड तक एही स्थिति में रहीं।

संतुलनासन  (Plank pose) 

• सबसे पहिले पेट पs लेट जाईं अवुरी ओकरा बाद पुश अप करत-करत हाथ जमीन पs राखी।

• पैर के उंगली से फर्श के पकड़ लीं।

• पीठ के हड्डी अवुरी घुटना के सीधा राखी अवुरी जादे से जादे समय तक ओ स्थिति में रही।

अस्वीकरण: ई लेख खाली सलाह समेत सामान्य जानकारी देले। ई कवनो तरह से योग्य चिकित्सा राय के विकल्प नइखे।अधिक जानकारी खातिर हमेशा कवनो विशेषज्ञ भा अपना डॉक्टर से सलाह लीं। खबर भोजपुरी एह जानकारी के जिम्मेदारी नइखे लेत। 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-