Howrah Fire : अभी ले 11 गो लाश मिलल, 20 से जादे लोग लापता, गोडाउन में खाना बनावत घरी लागल आग

Howrah thermocol godown fire incident with rescue teams searching debris after massive blaze

Share

खड़गपुर। हावड़ा जिला के नरेंद्रपुर थाना क्षेत्र के नाजिराबाद इलाका में थर्मोकोल के एगो गोडाउन में लागल भीषण आग के बाद हालात आउर डरावना हो गइल बा। मंगर के मलबा से आउर जरल शव निकलला के बाद मरे वाला लोगन के संख्या बढ़के 11 हो गइल बा, जबकि पूरब मेदिनीपुर जिला के कम से कम 14 लोग अभियो लापता बतावल जात बा। पुलिस सूत्रन के माने तs कुल लापता लोगन के संख्या 20 से जादे हो सकेला।

मुख्यमंत्री ममता बनर्जी मृतकन के परिवार खातिर 10 लाख रुपिया मुआवजा के घोषणा कइले बाड़ी। अतवार के देर रात करीब ढाई बजे थर्मोकोल गोडाउन से अचानक धुआं उठत देख स्थानीय लोगन में हड़कंप मच गइल।

थर्मोकोल बहुते ज्वलनशील होखे के कारण आग कुछे पल में विकराल रूप धर लिहल आ लगे इस्थित एगो ऑनलाइन विपणन कंपनी के गोडाउन तक फइल गइल।

ओहिजा रखल कोल्ड ड्रिंक्स आ आउर ज्वलनशील सामान के चलते जोर-जोर से विस्फोट जइसन आवाज आई, जवना से पूरा इलाका में दहशत फइल गइल।

पूरब मेदिनीपुर के 14 लापता, परिवार बेहाल

एह दर्दनाक हादसा में पूरब मेदिनीपुर जिला के पांशकुड़ा, तमलुक आ नंदकुमार ब्लॉक के कुल 13 लोगन के लापता होखे के पुष्टि भइल बा। एमे पांशकुड़ा के श्रीकृष्ण मैती, बापन माझी, समरेश पथिकर, तपन डोलुई, मयनार बुद्धदेव जाना, सौमित्र मंडल; तमलुक ब्लॉक के देवादित्य दिंडा, बिमल मैती, गोविंद मंडल, रामपद मंडल, क्षुदिराम दिंडा, शशांक जाना आ नंदकुमार के बरगोड़ा इलाका के निवासी संदीप मैती सामिल बा लोग।

घटनास्थल पs लापता लोगन के परिजनन के बड़ भीड़ जुटल बा। कइयन गो परिवारन के आरोप बा कि पुलिस भा प्रशासन के तरफ से साफ आ संतोषजनक जानकारी नइखे मिल रहल।

खाना बनावे से लागल आग? जांच जारी

प्रशासन आ पुलिस सूत्रन के अनुसार सुरुआती जांच में अंदेसा जतावल जात बा कि थर्मोकोल गोडाउन के भीतर खाना बनावल जात रहे, जवना से से आग लागल होई। हालांकि, आग लागे के असली कारण के लेके पुलिस अभियाे जांच में जुटल बिया।

दमकल आ राहत-बचाव कार्य लगातार चल रहल बा। मलबा हटाके लापाता लोगन के खोज जारी बा। पूरब मेदिनीपुर जिला के अलग-अलग इलाकन में एह घटना के बाद गहरा शोक आ चिंता के माहौल बनल बा। अब सब केहू नजर प्रशासन पs टिकल बा कि लापाता लोगन के बारे में जल्दी से जल्दी ठोस जानकारी सामने आ सके।

Read Also: Jaya Ekadashi 2026 : तुलसी के एह मंत्रन के जप से जिनगी होई खुसहाल, बरसी मां लक्ष्मी के किरपा

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-