Instagram से ब्रेक लेवे के भा अकाउंट डिलीट कइल चाहत बानी? तs जान लीं पूरा तरीका

Youtube के राह पs Instagram! यूजर्स के मिली डिसलाइक बटन, जानीं कवना काम आई

Share

टेक्नोलॉजी डेस्क। Instagram आज के समय में सबसे जादे इस्तेमाल होखे वाला सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म हs। Meta के ई ऐप लोगन के एंटरटेनिंग कंटेंट के माध्यम से रियल लाइफ से दूर कs देला। लगातार स्क्रॉल कइला के चलते कइयन लोगन के अब एकर लत लाग गइल बा। जदि रउओ Instagram से ब्रेक लेके रियल लाइफ पs फोकस करे के चाहत बानी, तs रउरा आपन अकाउंट डीएक्टिवेट कs सकेनी।

बाकी जदि रउरा ई तय कs लेले बानी कि अब Instagram छोड़ देम आ आपन सब डेटा हटा लेम, तs रउरा आपन अकाउंट हमेसा खातिर डिलीट कs सकेली। जानीं पूरा तरीका-

Android में Account Centre से अकाउंट कइसे डिलीट करीं?

  • आपन Android भा iPhone पs Instagram ऐप खोलीं।
  • नीचे दहिना ओर प्रोफाइल फोटो पs टैप करीं आ प्रोफाइल खोल लीं।
  • ऊपर तीन लाइन वाला मेन्यू (☰) दबाईं।
  • Accounts Centre में जाईं आ फेर Personal Details चुन लीं।
  • अब Account Ownership and Control पs टैप करीं।
  • Deactivation or Deletion वाला ऑप्शन सेलेक्ट करीं।
  • ओह अकाउंट के चुन लीं जवन रउरा डिलीट कइल चाहत बानी।
  • Delete Account पs टैप करीं आ फेर Continue दबाईं।

जदि बस कुछ दिन के ब्रेक चाहत बानी तs Deactivation वाला ऑप्शन चुन लीं।

कंप्यूटर से अकाउंट कइसे Deactivate करीं?

  • आपन कंप्यूटर पs Instagram के वेबसाइट खोल लीं।
  • आपन अकाउंट से लॉगिन करीं।
  • नीचे बायां तरफ तीन लाइन वाला मेन्यू दबाईं आ Settings में जाईं।
  • Accounts Centre खोलीं आ Personal Details पs क्लिक करीं।
  • Account Ownership and Control → Deactivation or Deletion पs जाईं।
  • जवन अकाउंट Deactivate कइल चाहत बानी, ओकरा पs क्लिक करीं।
  • Deactivate Account → Continue पs टैप करीं।

Instagram अकाउंट डिलीट होखे में केतना टाइम लागेला?

Instagram के अकाउंट पूरा तरे से डिलीट होखे में करीब 90 दिन लागेला। जदि राउर अकाउंट डिलीट हो गइल बा, तs रउआ ओहि यूजरनेम से दोबारा साइनअप कs सकेनी- जदि उ नाम केहू आउर इस्तेमाल ना कइल होखे।

ध्यान रखीं, अकाउंट डिलीट करे के रिक्वेस्ट के 30 दिन बाद रउरा अकाउंट आ ओकरा से जुड़ल सब जानकारी हमेसा खातिर मिटा दिहल जाला।

Read Also: Bihar Election 2025 : बिहार में थमल प्रचार, 18 जिलन के 1314 उम्मीदवारन के लगे आज आखिरी मौका

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-