[the_ad_group id="30365"]

Hindustan Motors: एंबेसडर बनावे आली हिंदुस्तान मोटर्स करी वापसी, लॉन्च करी इलेक्ट्रिक स्कूटर, कार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आइकॉनिक Ambassador (एंबेसडर) कार देश के सबसे लोकप्रिय कारन में से एगो रहल बिया। ओइसे अब एह कार के बिक्री बन हो गइल बा। रिपोर्ट के मोताबिक एंबेसडर कार के बनावे आली मशहूर कंपनी Hindustan Motors (हिंदुस्तान मोटर्स) इलेक्ट्रिक वाहन सेगमेंट में एंट्री करे के एक बेर फेर वापसी करे के योजना बना रहल बिया।

एंबेसडर कार

भारतीय ऑटोमोबाइल जगत में तेजी से बदलाव हो रहल बा। इलेक्ट्रिक वाहन में लोगन के दिलचस्पी लगातार बढ़ रहल बा। सरकार इलेक्ट्रिक वाहनन के बढ़ावा देने ला जरूरी चार्जिंग इंफ्रास्ट्रक्चर के मजबूत बना रहल बिया। बदलत परिवेश में वाहन निर्माता अपना इलेक्ट्रिक वाहनन के नाया – नाया मॉडल पेश कs रहल बाड़ी सs।

हिंदुस्तान मोटर्स ईवी उद्योग के एगो यूरोपीय ऑटोमोबाइल कंपनी के संगे हाथ मिलाके अपना कारोबार के पुनर्जीवित कइल चाहत बिया। हालांकि कंपनी का बारे में जादे जानकारी अभी ले सोझा नइखे आइल। बाकिर खबर ई बा कि हिंदुस्तान मोटर्स यूरोपीय ईवी निर्माता के संगे एगो समझौता ज्ञापन (एमओयू) पs हस्ताक्षर कइले बा।

दुनों निर्माता एह समय इक्विटी स्ट्रक्चर पs चर्चा कs रहल बा लो। मवजूदा प्रस्तावित ढांचा में, हिंदुस्तान मोटर्स के 51 प्रतिशत की हिस्सेदारी होई आ यूरोपीय ब्रांड के लगे बांचल 49 प्रतिशत के हिस्सेदारी होई।

खाली इलेक्ट्रिक कारे ना, एह जॉइन्ट वेंचर के माध्यम से इलेक्ट्रिक टू-व्हीलर्स बनावल जाई। दरअसल, कंपनी कावर से  पहिला प्रोडक्ट एगो इलेक्ट्रिक स्कूटर होई। इलेक्ट्रिक स्कूटर भा बाइक के खरीदारन से सकारात्मक प्रतिक्रिया मिलल बा। इलेक्ट्रिक टू व्हीलर के बाजार अब तक के सबसे ऊंचाई पs बा आ लगातार बढ़ रहल बा।

इलेक्ट्रिक वाहनन के निर्माण शुरू में पश्चिम बंगाल में हिंदुस्तान मोटर्स के उत्तरपारा प्लांट में कइल जाई। ई प्लांट 2014 ले चालू रहे। कंपनी उत्तरपारा के 295 एकड़ जगह के इस्तेमाल करी। जॉइन्ट वेंचर लगभग 600 करोड़ रुपिया के निवेश करी। एकरा बारे में जादे जानकारी नजदीकी भविष्य में सामने आई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]