सेंट्रल डेस्क। हरियाणा कांग्रेस में क्रॉस वोटिंग के ममिला पs विवाद तेज हो गइल बा। पार्टी के कार्यकारी अध्यक्ष रामकिशन गुर्जर अपना पद से इस्तीफा दे देलें। रामकिशन, विधायक शैली चौधरी के पति हवें। सोशल मीडिया पs शैली चौधरी के क्रॉस वोटिंग करे के चरचा चल रहल बा, हालांकि कांग्रेस अभी तक आधिकारिक रूप से कवनो नाम जारी नइखे कइले।
नेता प्रतिपक्ष भूपेंद्र सिंह हुड्डा बतवलें कि क्रॉस वोटिंग करे वाला विधायकन के नाम हाई कमान के दे दिहल गइल बा। ऊ कहलें कि 2-3 दिन में सब नाम सार्वजनिक हो जाई।
रामकिशन गुर्जर के सफाई
रामकिशन गुर्जर कहलें कि शैली चौधरी क्रॉस वोटिंग नइखी कइले, बलुक उनका के बदनाम करे खातिर नाम उछालल जा रहल बा। एह विरोध में ऊ पार्टी के पद से इस्तीफा दे रहल बाड़ें।
कुलदीप वत्स के बयान
बादली से कांग्रेस विधायक कुलदीप वत्स कहलें कि उनकर दिल, दिमाग आ आत्मा दुखी बा। ऊ कहलें कि कांग्रेस में भ्रष्ट लोग के जादे महत्व मिल रहल बा। पार्टी में बनल रहब कि ना, ई समय बताई।
वोट इनवेलिड करे के आरोप
भूपेंद्र हुड्डा कहलें कि संख्या के हिसाब से राज्यसभा चुनाव में बीजेपी आ कांग्रेस के एक-एक सीट मिलल तय रहे, बाकिर बीजेपी अपना उम्मीदवार के निर्दलीय के रूप में उतार देलस। जब कांग्रेस एह मुद्दा के उठवलस तs बीजेपी हंगामा कइलस।
हुड्डा के अनुसार, कुलदीप वत्स के नाम पs क्रॉस वोटिंग के चरचा बा, बाकिर ऊ खुद देखले बाड़ें कि वत्स कांग्रेस उम्मीदवार के वोट देलें। ऊ आरोप लगवलें कि गलत तरीका से कांग्रेस विधायकन के वोट इनवेलिड कइल गइल, जवन लोकतंत्र के हत्या हs।
हुड्डा कहलें कि क्रॉस वोटिंग करे वाला लोग पार्टी आ जनता दुनो के संगे धोखा कइले बा। हाई कमान के सब जानकारी दे दिहल गइल बा आ जल्दिये कार्रवाई होई।
हालांकि, शिष्टाचार के चलते हुड्डा अभी तक कवनो विधायक के नाम सार्वजनिक नइखल कइलें, बाकिर ऊ इशारा देलें कि कार्रवाई होखतही सब साफ हो जाई।








