सेंट्रल डेस्क। गुजरात में नया मंत्रिपरिषद के आज शपथ ग्रहण समारोह भइल। हर्ष सांघवी के राज्य के नया डिप्टी सीएम बनावल गइल बा। हर्ष सांघवी तीन बेर के विधायक हवे आ फिलहाल मजुरा सीट के प्रतिनिधित्व करेलें। राज्यपाल आचार्य देवव्रत 25 विधायकन के मंत्री पद के शपथ दिलवलें, जवना के बाद सीएम भूपेंद्र पटेल के मिलाके मंत्रीपरिषद में 26 मंत्री हो गइल बा लोग। पिछलका साल कांग्रेस छोड़के भाजपा में सामिल भइल विधायक अर्जुन मोढवाडिया के मंत्री बनावल गइल बा। विसनगर विधायक रुशीकेश पटेल, प्रफुल पनशेरिया, कुंवरजी बावलिया के फेर से मंत्रीपरिषद में सामिल कइल गइल बा।
एह विधायकन के मिलल मंत्रिपरिषद में जगह
कनुभाई देसाई, पुरषोत्तम सोलंकी, नरेश पटेल, अहमदाबाद के पूर्व डिप्टी मेयर दर्शना वाघेला, गुजरात भाजपा एससी मोर्चा के पूर्व प्रमुख प्रद्युमन वाजा, मोरबी विधायक कांतिलाल अमरुतिया आ वडोदरा विधायक मनीषा वाकिल के मंत्रिपरिषद में जगह मिलल बा। बियफे के गुजरात सीएम भूपेंद्र पटेल के छोड़के मंत्रिपरिषद के आउर सब मंत्री इस्तीफा दे देले रहे लोग। गुजरात भाजपा के पूर्व अध्यक्ष आ भावनगर से विधायक जीतू वाघाणी, अमरेली से विधायक आ भाजपा के डिप्टी चीफ व्हिप कौशिक वेकारिया, स्वरूपजी ठाकोर, टीकाराम छंगा, जयराम गमित, जामनगर उत्तर विधायक रिवाबा जडेजा, पीसी बारांदा, दाहोद विधायक रमेश कटारा, अंकलेशअवर विधायक इश्वरसिहं पटेल, दीसा विधायक प्रवीण माली, बारसोड विधायक रमनभाई सोलंकी, पेटलाद विधायक कमलेश पटेल, महुधा विधायक संजय सिंह महिदा के मंत्रिपरिषद में जगह मिलल बा।
2027 विधानसभा चुनाव के लिहाज से अहम है ये फेरबदल
गुजरात सरकार के मंत्रिपरिषद में ई फेरबदल भाजपा के मिशन 2027 के लिहाज से अहम मानल जा रहल बा। पार्टी आवे वाला निकाय चुनाव में नया सामाजिक समीकरणन के परखे के तइयारी कs रहल बिया। पार्टी के माने के बा, नया विधायकन के मंत्रिपरिषद में सामिल कइला से नया नेता लोगन के हौसला आ सरकार में ओबीसी-पाटीदार प्रतिनिधित्व बढ़ी। आवे वाला चुनाव में भाजपा के एकर फायदा मिल सकत बा।
Read Also: Bihar Election 2025 : महागठबंधन में ना गलल दाल, अब ई पार्टी जारी कs देलस 25 प्रत्याशियन के लिस्ट