नई दिल्ली। देसभर में नया जीएसटी दरन के लेके चरचा तेज बा। 22 सितंबर से लागू होखे वाला एह दरन के लेके लोग आपन मिलल जुलल प्रतिक्रिया देले बा। अइसन में केंद्रीय वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण एक बेर फेर एह नया दरन के लेके आपन प्रतिक्रिया देले बाड़ी। ऊ कहली कि 22 सितंबर से लागू होखे वाला नया जीएसटी सुधारन के कारण देस के लोगन के हाथ में लगभग दू लाख करोड़ रुपिया बची, जवना से घरेलू खर्च आ खपत बढ़ी।
तमिलनाडु फूडग्रेन मर्चेंट्स एसोसिएसन के 80वां स्थापना दिवस समारोह में बोलत सीतारमण कहली कि जीएसटी के दरन के चार स्लैब से घटाके अब खाली दू स्लैब कइल गइल। ऊ कहली कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी चाहत बाड़ें कि एकरा से खास कs के गरीब, मध्यम वर्गीय परिवार आ छोट-मध्यम उद्योग के फायदा मिलो।
सामान के कीमत होई कम- सीतारमण
सीतारमण कहली कि एह सुधार के बाद सामान के कीमत कम होई, जवना से लोग जादे खरीदारी करी। उदाहरण के तौर पs, यदि केहू साबुन जादे मात्रा में किनत बा, तs निर्माता उत्पादन बढ़ाई, जवना से रोजगार बढ़ी आ सरकार के जादे टैक्स मिली। ई एगो सकारात्मक चक्र बा, जवन अर्थव्यवस्था खातिर अच्छा होई। एह दौरान वित्त मंत्री इहो बतवली कि जीएसटी लागू होखे से पहिले टैक्स देवे वाला उद्यमियन के संख्या 65 लाख लेले रहस, जवन अब बढ़के 1.5 करोड़ हो गइल बा।
कांग्रेस के आलोचना पs देली जवाब
एकरा संगही वित्त मंत्री कांग्रेस नेता राहुल गांधी के जीएसटी के गब्बर सिंह टैक्स कहके आलोचना करे के बात पs पलटवार कइली। ऊ कहली कि अइसन नइखे, बलुक ई टैक्स आधार बढ़वले बा। ऊ इहो स्पष्ट कइलें कि पिछला आठ बरिसन में सरकार कवनो उत्पाद पs जादे टैक्स नइखे लगवले आ अब जवन कटौती हो रहल बा आ उ सही आ लोगन के हित में बा। निर्मला सीतारमण के कहे के बा कि जीएसटी सुधारन से देस के अर्थव्यवस्था के मजबूती मिली आ गरीब, मध्यम वर्ग आ एमएसएमई के राहत मिली।
Read Also: Udhampur Encounter : उधमपुर मुठभेड़ में जवान बलिदान, सुरक्षाबलन आ आतंकियन के बीच फायरिंग जारी