गोरखपुर: दीन दयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के प्रशासनिक भवन इस्थित कुलपति कार्यालय पs उग्र प्रदर्शन करे वाला गिरफ्तार 8 ABVP कार्यकर्तन के जमानत प्रार्थना पत्र सुक के अपर सत्र न्यायाधीश प्रवीण कुमार सिंह के कोर्ट स्वीकार कs लेलस। कार्यकर्तन के जमानत मिलला के जानकारी होखतही ABVP कार्यकर्तन में खुसी के लहर दउर पड़ल।
कोर्ट में ABVP के ओर से प्रस्तुत जमानत प्रार्थना पत्र पs ओकर अधिवक्ता लोगन के कहनाम रहे कि वादी मुकदमा फर्जी तौर पs केस दर्ज करवले बा। मेडिकल रिपोर्ट के मोताबिक भारतीय दंड संहिता के धारा 308 के अपराध गठित ना हो सकेला।
विश्वविद्यालय प्रशासन अपना प्रभाव के प्रयोग कs के फर्जी ढंग से विद्यार्थियन के अभियुक्त बना देले बा। घटना स्थल से थाना कैंट आधा किलोमीटर से कम दूरी पs इस्थित होखला के बावजूद मुकदमा काफी देर से दर्ज करावल गइल बा। न्यायाधीश जमानत के आधार पर्याप्त पावत जमानत प्रार्थना पत्र स्वीकार कs लेलें।

कुलपति के जकड़ल गइल रहे गरदन
दरअस, 21 जुलाई के कुलपति कार्यालय पs ABVP कार्यकर्ता 4 दिनन से फीस वृद्धि आ कार्यकर्तन के निलंबन आ प्रवेश प्रतिबंध वापस लेहल जाये आदि मांगन के लेके धरना-प्रदर्शन करत रहे लो, तबे अचानक भारी पुलिस बल के मवजूदगी में उहां हिंसा सुरू हो गइल रहे। एमे कुलपति प्रो. राजेश सिंह से धक्का-मुक्की के संगही उनकर गरदन जकड़ लिहल गइल रहे।
कुलसचिवो के भइल रहे पिटाई
छात्रन द्वारा कुलसचिव प्रोफेसर अजय सिंह के गिराके पीटल गइल रहे। ABVP कार्यकर्तन आ पुलिस में हाथापाई भइल रहे। बाद में पुलिस लाठीचार्ज करत 8 कार्यकर्तन के गिरफ्तार कs के जेल भेज देले रहे। एह ममिला में कुल 22 लोगन के खिलाफ केस दर्ज कइल गइल बा। घटना से जुड़ल दुगो आउर छात्रन के चिह्नित कइल गइल बा।
22 पs केस दर्ज कs के 8 के भेजल गइल रहे जेल
दरअसल, एह ममिला में मुख्य नियंता डाॅ. सत्यपाल सिंह के तहरीर पs पुलिस 8 छात्रन समेत 22 पs बलवा, मारपीट, सरकारी काम में बाधा, सरकारी संपत्ति के क्षति पहुंचावे, जानलेवा हमला के कोसिस आदि गंभीर धारा में केस दर्ज कइल गइल रहे। संगही आरोपी छात्रन के विश्वविद्यालय प्रशासन निष्कासन के नोटिस भेजले रहे। ओह लोगन से एक हफ्ता के भीतर लिखित जवाब मंगले रहे। तय समय में पक्ष ना रखला पs ओह लोगन के निष्कासन कs दिहल गइल।

एह लोगन के मिलल जमानत
एमे से 8 ABVP कार्यकर्तन के गिरफ्तार कs के पुलिस दूसरका दिन कोर्ट में पेश कइलस, जहां से ओह लोगन के जेल भेज दिहल गइल। जेमे शक्ति सिंह, प्रिंस तिवारी, शुभम गोविंद, शिवम पांडेय, आलोक गुप्ता, ऋषभ सिंह, मयंक राय आ श्रवण कुमार मिश्र सामिल बा लो। एह लोगन के सुक के कोर्ट से जमानत मिल गइल।
DDU 18 छात्रन के कइलस निष्कासित, 6 बाहरी व्यक्तियन पs बैन
ओहिजा, विश्वविद्यालय प्रशासन एह ममिला में 18 छात्रन के निष्काषित कs देले बा। संगही 6 बाहरी व्यक्तियन के कैंपस में प्रवेश पs बैन लगवले बा।
मुख्य नियंता डॉ सत्यपाल सिंह बतवलें, नियंता आ अधिष्ठाता छात्र कल्याण के संस्तुति पs एह सब छात्रन के खिलाफ न्यायिक जांच सुरू कs दिहल गइल बा। निष्काषित छात्र विश्वविद्यालय परिसर आ छात्रावास में प्रवेश ना ले सकी लो। एकरा संगही ऊ लोग कवनो परीक्षा में भाग नइखे ले सकत।
एह छात्रन के कइल गइल निष्कासित
1) सुरज कुमार चंचल, पिता- राम निवास मौर्य, विधि दूसरा सेमेस्टर, पता: मथुरा नगर LBS इण्टर कॉलेज के पीछे,फरेन्दा महराजगंज
2) चन्द्रपाल सिंह यादव, पिता- धर्मराज सिंह यादव, विधि पहिला आ दूसरा द्वितीय सेमेस्टर, पता: ग्राम-परकरनजी, नवा अव्वल, गोरखपुर
3) अर्पित कसौधन, पिता- दिलीप कसौधन, BA तीसरा बरिस, पता: जंगल बेलवार, खोराबार, गोरखपुर
4) प्रिंस तिवारी, पिता- जितेन्द्र तिवारी, BA तीसरा बरिस, पता: नरायनपुर रामश्रय, पथेरवा, कुशीनगर
5) संजीव त्रिपाठी, पिता- रमाकांत त्रिपाठी, MJMC दूसरा सेमेस्टर, पता: खन्चा,पो0-महुअवा शुक्ला, महराजगंज
6) शक्ति सिंह, पिता: नरसिंह बहादूर सिंह, MA भूगोल, पता-पिपराबांध, पो.-लार रोड, देवरिया
7) प्रतीक रंजन सिंह, पिता- विपिन सिंह, विधि पहिला सेमेस्टर, पता- रावतपार, अमेठिया, देवरिया
8) पियुष कुमार, पिता- अमरेश्वर, शोध छात्र, शिक्षा संकाय, पता-ग्रा.-मुकुन्दपुर, पोस्ट-सलेमगढ़, कुशीनगर
9) विपिन जायसवाल, पिता- राम जायसवाल, B-Com-चउथा सेमेस्टर, (DNPG कालेज,गोरखपुर), पता-डुमर्जखास, सरदार नगर, गोरखपुर
10) सौरभ कुमार गौड़, पिता- गनेश गौड़, B-ed चउथा सेमेस्टर, (पं0 रामनयन रामसुख, डिग्री कालेज, बेलघाट, गोरखपुर), पता- ग्राम- चझैराम, पोस्ट-उरुआ, जिला- गोरखपुर
11) ऋषभ सिंह, पिता- राजेश सिंह, BA तीसरा बरिस, 2021-22, विश्वविद्यालय, पता-बरडीहा, परशुराम, देवरिया
12) शिवम पाण्डेय, BA, तीसरा बरिस, पिता- यशवन्त कुमार पाण्डेय, जंगल सिकरी, नियर एसियन पेन्ट गोदाउन, खोराबार, गोरखपुर
13) शुभम गोविन्द राव, पिता- अजय गोविन्द राव, MA फिजीकल एजुकेशन, विश्वविद्यालय, पता- ग्राम-बरवां खुर्द, पोस्ट-बरवां बाजार
14) श्रवण कुमार मिश्रा (शुभम मिश्रा), पिता- भरत राम मिश्रा, BBA चउथा सेमेस्टर 2020-21 ITM, गीडा,गोरखपुर, पता- खलीलाबाद
15) प्रभात राय, पिता- धनन्जय राय, MA इतिहास पहिला सेमेस्टर, पता- खैरा बनुआ, थाना-गोरी बाजार, गोरखपुर
16) अनुराग मिश्र, पिता- देवेन्द्र कुमार मिश्रा, MJMC दुसरा सेमेस्टर, विश्वविद्यालय, पता-ग्राम- नन्दापार, पोस्ट-जैतपुर, गोरखपुर
17) दीपक कुमार, पिता- रामचरन पाण्डेय, BSC. तीसरा बरिस 2022-23, दिग्वीजयनाथ PG कालेज, गोरखपुर, पता- चतुरबन्दौरी, भवौली बाजार, गोरखपुर
18) अभिजीत शर्मा, पिता- अशोक शर्मा, BA दुसरा बरिस, दिग्विजय नाथ कॉलेज, गोरखपुर, पता- ग्राम आ पोस्ट मथौली बाजार, कुशीनगर
एह छात्रन पs लागल बैन
1) आलोक गुप्ता, पिता-प्रदीप गुप्ता, पता- आर्य नगर, दिलेजाकपुर, गोरखपुर
2) अंकित मिश्रा, पिता- घनश्याम मिश्रा, पता- ग्राम चेता, थाना- बोडी, जिला- बहराइच
3)अभिनव सिंह, LLB, APN कॉलेज, बस्ती
4) ओंकार मिश्र, भोरे, गोपालगंज, बिहार
5) मयंक कुमार राय, पिता- मृत्युंजय प्रताप राय, M-Com पहिला सेमेस्टर 2021-22, प्राइवेट विश्वविद्यालय
(MA एडल्ट एजुकेशन विश्वविद्यालय), पता- सी./114/22 D., गिरधरगंज, कुड़ाघाट,गोरखपुर
6) पीयूष सिंह, पिता- स्व0 राजेन्द्र प्रताप सिंह, पता- म.नं. 243 एस. अशोक नगर, बसारतपुर, PCF गोदाम के पीछे, गोरखपुर
ABVP के क्रमिक आंदोलन जारी
ओहिजा, अखिल भारतीय विद्यार्थी परिषद (ABVP) गोरखपुर के कार्यकर्ता प्रदेश मंत्री सौरभ गौंड के नेतृत्व में गोरखपुर विश्वविद्यालय में व्याप्त अनियमितता, शुल्क वृद्धि आ छात्रन के अधिकारन के हनन के खिलाफ विश्वविद्यालय के मेन गेट पs आंदोलन कइल लो।
ABVP कार्यकर्ता छात्रशक्ति के समर्थन खातिर उत्तर प्रदेश विधान परिषद सदस्य डॉ. धर्मेंद्र सिंह, गोरखपुर महापौर डॉ. मंगलेश श्रीवास्तव, नौतनवा विधायक ऋषि त्रिपाठी आ गोरखपुर ग्रामीण विधायक विपिन सिंह से मुलाकात कइल लो। कार्यकर्ता लोग जनप्रतिनिधियन से मिलके ओह लोगन के मुख्यमंत्री के संबोधित ज्ञापन सउपल।
साभार: दैनिक भास्कर