Gorakhpur News : सिटी हॉस्पिटल में थैलेसीमिया शिविर के आयोजन काल्ह, केंसर विशेषज्ञ डाॅ. राहुल भार्गव दिहें सुझाव

Share

गोरखपुर। डीकेएमएस आ एम फोटिर्स अस्पताल, गोरखपुर के संयुक्त तत्वावधान में काल्ह 13 दिसंबर के सबेरे 10:00 बजे से सांझ के 05:00 बजे तक सिटी सुपर स्पेशलिटी हॉस्पिटल गोरखपुर में थैलेसीमिया के जांच शिविर के आयोजन होखे जा रहल बा। एह दौरान ब्लड केंसर विशेषज्ञ डाॅ. राहुल भार्गव राेगियन के जांच, सुझाव आ मार्गदर्शन दिहें।

एह दौरान डाॅ. राहुल भार्गव के ओर से दुपहरिया 12:30 बजे से 1:00 बजे तक थैलेसीमिया के मुख्य कारण, एकरा के समय रहते कइसे पहचानल जा सकत बा आ आधुनिक चिकित्सा से एकर कवना तरे इलाज कइल जा सकेला आदि प्रमुख सवालन पs चर्चा करिहें।

Read Also: Cough Syrup Case : कफ सिरप ममिला में ED के बड़ कार्रवाई, यूपी-झारखंड आ गुजरात में कइयन ठिकानन पs छापा

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-