Cough Syrup Case : कफ सिरप ममिला में ED के बड़ कार्रवाई, यूपी-झारखंड आ गुजरात में कइयन ठिकानन पs छापा

By Shweta Supriya

Published on: Dec 12, 2025

लखनऊ। अवैध कफ सिरप ममिला में प्रवर्तन निदेशालय लखनऊ यूनिट के टीम सुक के सबेरे गोरखधंधा के मुख्य आरोपी शुभम जायसवाल से जुड़ल उत्तर प्रदेश, गुजरात आ झारखंड के ठिकानन पs छापेमारी कइलस। अवैध कफ

Share

लखनऊ। अवैध कफ सिरप ममिला में प्रवर्तन निदेशालय लखनऊ यूनिट के टीम सुक के सबेरे गोरखधंधा के मुख्य आरोपी शुभम जायसवाल से जुड़ल उत्तर प्रदेश, गुजरात आ झारखंड के ठिकानन पs छापेमारी कइलस।

अवैध कफ सिरप के बेयपार के लेके पिछिला दु महीना में 30 से जादे एफआईआर दर्ज कइल जा चुकल बा, जवना के आधार पs प्रवर्तन निदेशालय (ईडी) जांच के कार्रवाई सुरू कइलस।

जानकारी के मोताबिक, ईडी के टीम उत्तर प्रदेश के लखनऊ, सहारनपुर, वाराणसी आ जौनपुर, झारखंड के रांची आ गुजरात के अहमदाबाद में बनावल गइल ठिकानन पs छापेमारी कइलस। अंदेसा बा कि एही ठिकाना पs अवैध कफ सिरप के भंडारण कइल गइल आ बिक्री खातिर आस पास के शहरन आ कस्बन में सप्लाई कइल गइल।

बता दीं कि कफ सिरप के सेवन से कइयन गाे लइकन के मौत होखे के खबर से ममिला सुर्खियन में बनल बा। एह गाेरखधंधा में शुभम जायसवाल के मुख्य आरोपी मानल जात बा, जवना के सहजोगी आलोक सिंह आ अमित सिंह हs लोग। ममिला में आलोक सिंह के पहिलही गिरफ्तार कइल जा चुकल बा।

उल्लेख करे जाेग बा कि पिछिला दु महीना में उत्तर प्रदेश के लखनऊ, वाराणसी, सोनभद्र, सहारनपुर आ गाजियाबाद सहित कइयन गो जिलन में कोडीन फॉर्मूला से बनल कफ सीरप के अवैध भंडारण आ खरीद-बिक्री कइल गइल, जवना से हजारन करोड़ रुपिया के अवैध बेयपार भइल।

ओहिजा, ममिला उजागर होखला पs मुख्य आरोपी शुभम जायसवाल दुबई में जाके छिप गइल। हालांकि, ओकर पिता भोला प्रसाद सहित 32 लोग ममिला में गिरफ्तार कइल जा चुकल बा। एकरा अलावे, उत्तर प्रदेश सरकार ममिला के जांच खातिर एसआईटी के गठित कइले बिया।

Read Also: Shivraj Patil Demise : पूर्व गृह मंत्री शिवराज पाटिल के निधन, 90 बरिस के उमिर में लातूर में लेलें आखिरी सांस

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.