गोरखपुर मंडल के 210 गांवन के जल्दिए 49 करोड़ रुपया के लागत से 24 घंटा बिजली आपूर्ति मिली। प्रदेश सरकार के निर्देश पर पावर कारपोरेशन जोन के मुख्य अभियंता से सर्वे करवा के पूरा रिपोर्ट मंगले रहल। लगभग एक सप्ताह पहिले मुख्य अभियंता चारों जिला के अभियंता लोग से सर्वे करवा के रिपोर्ट सौंप देहलें।
मंडल के चार जनपद के नगर पालिका अउर नगर निगम के सीमा विस्तार में शामिल करीब 210 गांव में 24 घंटे बिजली आपूर्ति के लक्ष्य हासिल करे खातिर कई बिजली घर अउर ट्रांसफार्मरन के क्षमता बढ़ावल जाई। एकरे सथही एह गांवन में जर्जर तार अउर खंभा के भी दुरुस्त कइल जाई।
योजना के मुताबिक, एह लक्ष्य के धरातल पर पूरा होखले के बाद गांव के शहरी शेड्यूल के मुताबिक बिजली मिले लागी। अभीन ले एह गांवन के ग्रामीण शेड्यूल के हिसाब से 18 घंटा ही बिजली मिलत रहल। बता देईं कि मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ प्रदेश के शहरी क्षेत्र के 24 घंटा अउर ग्रामीण क्षेत्र के 18 घंटे आपूर्ति देहले के निर्देश दे रखले बानें।
बीतल दिन नगर पालिका के विस्तार के घोषणा भइल। एहमें बड़ संख्या में गांव के नगर निकाय में शामिल कs के उहां सुविधा के विस्तार कइल जा रहल बा। नगर निकाय में शामिल गांव में सड़क, नाली, पेयजल, शौचालय आदि के अलावा 24 घंटा बिजली के सुविधा महत्वपूर्ण आयाम ह।
Comments are closed.