Gorakhpur: सीसीटीवी कैमरा में 100 से बेसी बेर लउकल बदमाश, एकरा बादो पुलिस मनलस हार- ना भइल लूट के पर्दाफाश

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 17, 2023

गोरखपुर शहर के सबसे व्यस्त आ सघन आबादी वाला घंटाघर से सटल बसंतपुर में 22 दिसंबर 2022 के दिनदहाड़े भइल वारदात पुलिस के अधिकारियन के होश उड़ा देले रहे। बाइक से हेलमेट लगाके आइल बदमाश

Share

गोरखपुर शहर के सबसे व्यस्त आ सघन आबादी वाला घंटाघर से सटल बसंतपुर में 22 दिसंबर 2022 के दिनदहाड़े भइल वारदात पुलिस के अधिकारियन के होश उड़ा देले रहे। बाइक से हेलमेट लगाके आइल बदमाश घर में अकेली महिला के बंधक बनाके लूटपाट कs के आराम से फरार हो गइल। बंधक बनाके लूटपाट करे के मुकदमा दर्ज कs के पुलिस ममिला के जांच कइलस। सीसी कैमरा के पड़ताल भइल तs वारदात के अंजाम देवे वाला बदमाश 100 से जादे बार लउकल, बाकिर पुलिस के पकड़ में आज ले ना आइल। थक हारके पुलिस ई कहत आरोपित के तलाश बंद कs देलस कि ऊ महिला के कवनो जाने वाला रहले ना रहे, बाकिर घटना के रहस्य अभियो बरकरार बा।

ई बा पूरा ममिला

बसंतपुर निवासी 59 साल के वीना देवी के पति परविंदर वर्मा के सोना-चांदी के दुकान रहे। तीन साल पहिले बेमारी से उनकर मृत्यु हो गइल। ऊ बेटी नेहा के संगे रहेली। परिवार के जीविका चलावे खातिर बेटी दुकान पs काम करेली। 22 दिसंबर 2022 के दुपहरिया में नेहा घरेलू सामान किने खातिर घंटाघर गइल रहली। वीना देवी घर में अकेला रहली। दुपहरिया दु बजे डोर वेल बजला पs ऊ केवाड़ी खोलली तs बाहर हेलमेट लगाके एगो युवक खड़ा रहे। परिचय पूछला पs जबरन अंदर दाखिल होखला के संगही ऊ वीना देवी के गर्दन पs चाकू सटा देलस। जान से मारे के धमकी देत ऊ पहिला ताला पs कमरा में ले गइल आ पिटाई कs के साड़ी से उनकर हाथ-गोड़ बान्ह देलस। मुंह पs टेप चिपकवला के बाद आलमारी के चाबी छीनके ओमे रखल गहना आ 10 हजार रुपिया निकाल लेलस।

जात घरी बदमाश बाहर से केवाड़ी के कुंडी बंद कs देलस। दुपहरिया तीन बजे घरे पहुंचल नेहा कमरा में बिस्तर पs अचेत पड़ल मां के स्थानीय लोगन के मदद से अस्पताल ले गइल रहे।  दिनदहाड़े भइल वारदात के पर्दाफाश करे खातिर राजघाट आ क्राइम ब्रांच के टीम एक हफ्ता तक इलाका में लागल सीसी कैमरन के पड़ताल कइलस, जेमे लाल बाइक से आइल बदमाश 100 से जादे बेर लउकल। फुटेज में नंबर प्लेट स्पष्ट ना होखला से ओकर पहचान ना हो पाइल। एक महीना तक ममिला के जांच चलल। अपेक्षित सफलता ना मिलला पs पुलिस छानबीन बंद कs देलस।

का कहत बा लो अधिकारी

एसपी सिटी कृष्ण कुमार बिश्नोई बतवलें कि महिला के बंधक बनाके लूटपाट करे के ममिला के जांच पुलिस पूरा गहनता से कइलस। पता चलल कि महिला के संगे लूटपाट नइखे भइल। राजघाट थाना पुलिस आ क्राइम ब्रांच के टीम सीसी कैमरा में लउक रहल जुवक के ढूंढलस, बाकिर ऊ ना मिलल। पीड़ित के जांच में सहजोग ना कइला से घटना के पर्दाफाश ना हो सकल। अब मुकदमा में एफआर लागी।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.