Gorakhpur News : आम आदमी पार्टी बूथ स्तर तक संगठन के मजबूत करे के रखलस लक्ष्य, पूर्वांचल प्रांत अध्यक्ष बोललें- योगी सरकार पूरा तरे विफल

Share

गोरखपुर। आम आदमी पार्टी के गोरखपुर इकाई अतवार के अहम बैठक कs संगठन के मजबूत करे आ आवे वाला पंचायत चुनाव के रणनीति पs विस्तार से चरचा कइलस। कार्यक्रम में पूर्वांचल प्रांत अध्यक्ष राजेश यादव विशेष रूप से उपस्थित रहलें।

बैठक के बाद पत्रकारन से बातचीत करत राजेश यादव कहलें कि पंचायत चुनाव के धेयान में रखत संगठन के बूथ स्तर तक मजबूत करे के लक्ष्य रखल गइल बा। ऊ प्रदेश के योगी सरकार पs निशाना साधत कहलें कि कानून-बेवस्था, बेरोजगारी आ महंगाई जइसन मुद्दन पs सरकार पूरा तरे विफल साबित भइल बिया। ऊ इहो कहलें कि देस के विश्वगुरु बनावे के बात करे वाली केंद्र सरकार के नीतियन पs सवाल उठ रहल बा।

तइयार रहे के आह्वान

बैठक में जिला प्रभारी प्रवीण कुमार यादव आवे वाला चुनाव के देखत सब कार्यकर्तन से संगठन के मजबूत करे आ चुनावी तइयारी में जुट जाये के अपील कइलें। ऊ कहलें कि पार्टी कार्यकर्ता गांव-गांव जाके लोगन से संपर्क करे लोग आ पार्टी के नीतियन के जन-जन तक पहुंचावे लोग।

नौ विधानसभा क्षेत्र में संगठन तइयार

जिलाध्यक्ष विजय कुमार श्रीवास्तव बतवलें कि जिला के नौ विधानसभा क्षेत्रन में पार्टी के संगठन लगभग तइयार हो चुकल बा। जल्दिये तहसील आ ब्लॉक स्तर तक कमेटियन के गठन कइल जाई। ऊ कहलें कि आम आदमी पार्टी आवे वसला जिला पंचायत चुनाव के पूरा मजबूती आ दमदारी के संगे लड़ी।

बैठक में पार्टी के कइयन गो प्रमुख कार्यकर्ता आ पदाधिकारी मवजूद रहल लोग। एमे अमिताभ जायसवाल, अंगद यादव, आशीष कुशवाहा, ओमप्रकाश यादव, डॉ. वाहिद रहमान, धनंजय श्रीवास्तव, हरेंद्र यादव आ रमेश शर्मा सहित बड़ संख्या में कार्यकर्ता सामिल भइल लोग।

Read Also: India ICC Trophies : भारत कब-कब जीतल बा ICC के ट्रॉफी? जानीं 1983 से लेके 2026 तक पूरा इतिहास 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-