UP के बाद अब गुजरात में ट्रेन हादसा, पटरी से उतरल मालगाड़ी, मुंबई-अहमदाबाद रेलवे ट्रैक भइल प्रभावित

Share

 

उत्तर प्रदेश के गोंडा जिला के बाद अब गुजरात में ट्रेन दुर्घटना हो गईल। ई हादसा गुजरात के वलसाड आ सूरत स्टेशन के बीच भइल. मालगाड़ी के कई गो कोच वलसाड के डुंगरी के लगे पटरी से उतर गईल। एकरा से एs रूट पs ट्रेन के आवाजाही पs असर पड़ल। एह हादसा में कवनो जानमाल के नुकसान नइखे भइल.

ट्रेन के आवाजाही पs असर पड़ल

रेल विभाग के एs दुर्घटना के जानकारी मिलते मुंबई-अहमदाबाद लाइन के अधिकारी अवुरी कर्मचारी घटना स्थल पs पहुंचले अवुरी पटरी साफ करे के काम शुरू हो गईल। पश्चिमी रेलवे के एगो अधिकारी बतवले कि मालगाड़ी के पटरी से उतरला से रेल यातायात प्रभावित भईल बा। कुछ समय से ट्रेन के आवाजाही प्रभावित बा। एकरा बाद एकरा के सुधारल गईल। एह हादसा में कवनो जान के नुकसान नइखे भइल.

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-