गोंडा। सुक के भोर में यूपी के गोंडा जिला में भूकंप के झटका महसूस कइल गइल। भूकंप के तीव्रता 3.7 मापल गइल, जवना के केंद्र इटियाथोक इलाका के इटहिया नवीजोत गांव के आसपास बतावल जा रहल बा।
सबेरे-सबेरे धरती हिलतही लोग घबरा के अपना-अपना घर से बाहर निकल आइल। हालांकि राहत के बात ई रहल कि अभी ले कहीं से जान-माल के नुकसान के खबर नइखे।
जिला प्रशासन के मोताबिक हालात पूरा तरे सामान्य बा। कहीं से कवनो तरह के नुकसान के सूचना अब तक सामने नइखे आइल।
आपदा विशेषज्ञ राजेश श्रीवास्तव बतवलें कि भूकंप के तीव्रता कम रहला के चलते नुकसान के संभावना बहुते कम रहे। बावजूद एकरा प्रशासन सतर्क बा आ संबंधित विभागन से लगातार जानकारी लिहल जा रहल बा। ऊ अपील कइलें कि लोग अफवाह पs ध्यान ना देवे आ सतर्क रहे।
Read Also: U-19 World Cup 2026 : छठा खिताब जीते उतरी भारतीय अंडर-़19 टीम, इंग्लैंड से होई टक्कर







