Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Gambhir-Virat: विराट के संगे आपन रिश्ता पs खुलके बोलले गंभीर, बुमराह-रोहित के वर्कलोड मैनेजमेंट पs देलें बयान

2,296

आईपीएल 2023 के दौरान विराट कोहली आ गौतम गंभीर के बीच मैदान पs जवन कुछ भइल, उ क्रिकेट के दुनिया के चौंका के रख देले रहे। तब गंभीर लखनऊ सुपर जाएंट्स के मेंटर रहे आ कोहली रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु से खेलत रहलें। दुनो आरसीबी बनाम एलएसजी मैच के बाद मैदाने पs भिड़ गइल रहे। दुनो के लड़ाई एतना बुरा तरीके से भइल रहे कि बाकी खिलाड़ियन के बीच बचाव खातिर आवे के पड़ल रहे। हालांकि, एकरा बाद 2024 में गंभीर टीम बदलले आ ऊ केकेआर के मेंटर बन गइलें। एकरा बाद केकेआर बनाम आरसीबी मैच के दौरान गंभीर के कोहली के संगे गला मिलते आ हंस-हंसके बात करत देखल गइल। तब लागल कि सबकुछ ठीक हो चुकल बा। अब गंभीर खुद विराट के संगे अपना रिश्ता के खुलासा कइले बा।

टीम इंडिया के मुख्य कोच बनला के बाद गंभीर पहिला बेर मीडिया के सामने अइलें आ ऊ मुख्य चयनकर्ता अगरकर के संगे मिलके कइयन मुद्दन पs बातचीत कइलें। एमें विराट कोहली से उनका संबंध के लेके बयानो सामिल बा। गंभीर कहलें- विराट कोहली के संगे हमार कवनो तरे के रिश्ता टीआरपी खातिर नइखे। ई दुगो परिपक्व लोगन के बीच रिश्ता बा। फिलहाल, हमनी के भारत के प्रतिनिधित्व कs रहल बानी सs। हमनी के 140 करोड़ भारतीयन के प्रतिनिधित्व कs रहल बानी सs। मैदान के बाहर उनका संगे हमार बहुत अच्छा रिश्ता बा। लेकिन, ई जनता के दिखावे खातिर नइखे। ई महत्वपूर्ण नइखे कि हमनी खेल के दौरान भा ओकरा बाद उनका संगे केतना बातचीत कइलें। कोहली एगो संपूर्ण पेशेवर, विश्व स्तरीय एथलीट हवे आ उम्मीद बा कि ऊ एही तरे आगहूं जारी रही। हमनी के एके पन्ना पs बा आ भारत के गौरवान्वित महसूस करावे के कोसिस करेम सs। कबो-कबो, खाली एहिसे कि हमनी के सुर्खी चाहत बा लो, ई महत्वपूर्ण नइखे। अभी, सबसे महत्वपूर्ण बात ई बा कि हमनी के दुनो भारत के गौरवान्वित करे खातिर बहुत जादे मेहनत करेम सs आ ई हमनी के काम हs।

टी20 विश्व कप के बाद से बुमराह को आराम दिया गया है। उन्हें श्रीलंका के खिलाफ न तो टी20 सीरीज और न ही वनडे सीरीज के लिए टीम में चुना गया है। बुमराह ने पिछले साल ही एक साल तक चोट से जूझने के बाद वापसी की थी। हालांकि, उनकी वापसी जबरदस्त रही है और वह वनडे विश्व कप 2023 में धमाल मचाने के बाद टी20 विश्व कप 2024 में प्लेयर ऑफ द टूर्नामेंट रहे। हालांकि, उनके वर्कलोड को मैनेज करना सबसे बड़ी समस्या रही है। उन्हें किस मैच में खिलाया जाए और कब आराम दिया जाए, इसको लेकर भी गंभीर ने बातचीत की।

गंभीर कहलें- हम पहिलहूं कहले बानी, बुमराह जइसन कवनो खिलाड़ी खातिर वर्कलोड मैनेजमेंट महत्वपूर्ण बा। ऊ एगो दुर्लभ गेंदबाज बाड़ें, जेकरा के कवनो टीम चाही। रउआ चाहत बानी कि बुमराह महत्वपूर्ण मैच खेली। यही कारण बा कि ना खाली उनका खातिर आउर तेज गेंदबाजन खातिर वर्कलोड मैनेजमेंट जरूरी बा। अगर रउआ एगो बल्लेबाज बा, आ अच्छी बल्लेबाजी कs रहल बानी, तs रउआ सब प्रारूप खेल सकत बानी। रोहित आ विराट अब टी20 से संन्यास ले लेले बा लो, एहिसे अब से दुगो प्रारूप खेली लो। उम्मेद बा कि ऊ अधिकांश मैचन खातिर उपलब्ध होई।

904850cookie-checkGambhir-Virat: विराट के संगे आपन रिश्ता पs खुलके बोलले गंभीर, बुमराह-रोहित के वर्कलोड मैनेजमेंट पs देलें बयान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.