गोरखपुर: “शुभारंभ गरबा महोत्सव” वर्कशॉप के भइल आगाज

"शुभारंभ गरबा महोत्सव"वर्कशॉप के भइल उद्घाटन :फोटो

Share

गोरखपुर में गरबा डांडिया के धूमधाम सुरु हो रहल बा. अइसने में जगह-जगह गरबा आ डांडिया के अयोजन कइल जाता। एह सब कार्यक्रम में गोरखपुर वासी बढ़ चढ़के हिस्सा ले रहल बाड़े। एही क्रम में गुजरात के मशहूर गरबा डांडिया कोरियोग्राफर वीरू मनिक के द्वारा काल्ह दिनांक 7 सितंबर के गोरखपुर में “शुभारंभ गरबा महोत्सव” के बिगुल बजावल गइल. जवन गोरखपुर में सात साल से “शुभारंभ गरबा महोत्सव” नाव से ई कार्यक्रम हो रहल बा.

गोरखपुर क्लब में शुभारंभ गरबा डांडिया वर्कशॉप के सुभारंभ के शुभ अवसर पs गणेश पूजा के साथे उद्घाटन समारोह डॉक्टर सत्या पांडे (पूर्व मेयर गोरखपुर ) के द्वारा संपन्न भइल. विशिष्ट अतिथि के रूप में अध्यक्ष गोरखपुर क्लब के डॉक्टर संजीव गुलाटी ,अतिथि के रूप में डॉ मनीषा श्रीवास्तव , श्रिया वर्मा ,वंदना श्रीवास्तव , अर्चना यादव आ बहुते प्रतिभागी भी मौजूद रहले

संयोजक वीरू मलिक के साथ उनकर टीम मेंबर्स जावेद, अमन ,आकाश , ख्याति , गुंजन, शाक्षी, अनू आदि बहुत लोग मौजूद रहे । एह शुभारंभ गरबा महोत्सव के बारे में कवनो जनकारी लेवे खातीर दिहल गइल एह फोन नंबर 92657 06302 पs सम्पर्क करीं.

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-