दीपवीर के घरे गूंजल किलकारी, खूबसूरत जोड़ी के घरे अइली लक्ष्मी 

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 8, 2024

अभिनेत्री दीपिका पादुकोण आ रणवीर सिंह के घर में खुशी के माहौल बा। सूत्र के मुताबिक एह जोड़ी के एगो बेटी के जन्म भइल बा। गणेश चतुर्थी पर्व के अगिला दिने लक्ष्मी एह जोड़ी के

Share

Ranveer Deepika Padukone

अभिनेत्री दीपिका पादुकोण आ रणवीर सिंह के घर में खुशी के माहौल बा। सूत्र के मुताबिक एह जोड़ी के एगो बेटी के जन्म भइल बा। गणेश चतुर्थी पर्व के अगिला दिने लक्ष्मी एह जोड़ी के घरे पहुंचल बाड़ी। मीडिया रिपोर्ट में दावा कइल जात रहे कि दीपिका पादुकोण के डिलीवरी 28 सितंबर के होखे वाला बा। बाकिर, अब आज 8 सितंबर के इनका घर में एगो बेटी के जन्म भइल।

दीपिका पादुकोण आ रणवीर सिंह एह साल फरवरी में प्रशंसकन से ई खुशखबरी साझा कइले रहले। तब से अभिनेत्री सोशल मीडिया पर हर अपडेट शेयर करत रहली। गर्भावस्था के दौरान उऽ अपना फिटनेस आ खानपान के पूरा ध्यान राखत रहली आ एकरा बारे में प्रशंसको के जागरूक करत रहली।

दीपिका पादुकोण आ रणवीर के घर में बेटी के आवे के खबर सुन के प्रशंसक के खुशी के कवनो सीमा नइखे। शनिचर के साँझ दीपिका आ रणवीर सिंह के अस्पताल जात देखल गइल। दीपिका के महतारी उज्जला पादुकोण आ पति रणवीर सिंह के संगे मुंबई के एचएन रिलायंस अस्पताल पहुंचल देखल गइल। तब से प्रशंसक खुशखबरी के इंतजार करत रहले आ आज ऐतवार का दिने ओह लोग के खुशखबरी मिल गइल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.