G-20 सम्मेलन: पीएम मोदी आज रवाना होइहें बाली, जी-20 शिखर सम्मेलन में लिहें हिस्सा, 20 कार्यक्रम में करिहें शिरकत

Share

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी जी-20 शिखर सम्मेलन में हिस्सा लेहले। आजु इंडोनेशिया के बाली रवाना होइहे। पीएम मोदी 14 से 16 नवंबर ले बाली में रहिहें। जी-20 शिखर सम्मेलन 15-16 नवंबर के बा। करीब 45 घंटा के अपने प्रवास के दौरान पीएम मोदी 20 कार्यक्रम में हिस्सा लिहें। दुनिया के दिग्गज 20 देश के समूह जी-20 के प्रमुख लोग के शिखर सम्मेलन में भाग लेहले के अलावा प्रधानमंत्री में हिस्सा लेवे वाले 10 देश के प्रमुख लोग से द्विपक्षीय मुलाकात भी करिहें। एहमें बहुपक्षीय अउर द्विपक्षीय मुद्दन पर विस्तार से चर्चा होई।

जी-20 संगठन के अगिला अध्यक्ष भारत

जी-20 संगठन के अगिला अध्यक्ष भारत ह अउर एकर अगिला बैठक सितंबर, 2023 में नई दिल्ली में ही होखे वाला बा। एह नजरिया से भी पीएम मोदी के दौरा अहम मानल जा रहल बा। विदेश सचिव विनय क्वात्रा बतवलें कि शिखर सम्मेलन तीन सत्र में होई अउर पीएम मोदी एह तीनो सत्र में दूसरे वैश्विक नेता के साथ हिस्सा लीहें। ई पूछल गइले  पर कि पीएम मोदी के मुलाकात कौने वैश्विक नेता से होई, एकरे जबाव में क्वात्रा बतवलें कि एह बारे में संबंधित देश के साथ बातचीत कइल जा रहल बा अउर कार्यक्रम के अंतिम रूप दिहल जा रहल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-