खइले पियले के सामान एक महीना में भइल सस्ते, खुदरा महंगाई दर में आ सकsता गिरावट

Share

खइले-पियले के सामान के कीमत एक महीना में कम होखले या फिर स्थिर होखले से अक्तूबर के खुदरा महंगाई में कमी आ सकsता। एक सर्वे के अनुसार, 14 नवंबर को जारी होखे वाले महंगाई के आंकड़े 7 फीसदी से नीचे रह सकतने, जौन सितंबर में 7.41 फीसदी रहल। एसे अगिले महीने आरबीआई रेपो दर के बढ़ावे में भी कमी कर सकsता।

पूरी दुनिया में महंगाई को कम करे खातिर केंद्रीय बैंक रेपो दर के बढ़ल बा। एकर असर अमेरिका में दिखल बा जहां महंगाई अक्तूबर में 7.77 फीसदी रहल जौन कि सितंबर में 8.2 फीसदी रहल। उपभोक्ता मामला के मंत्रालय के आंकड़न के अनुसार आटा के कीमत मामूली तेजी के साथ 31.34 रुपये किलो रहल।

चावल अउर दाल सहित जरूरी वस्तुअन के दाम घटल

एक महीना में ज्यादातर सामान के कीमत स्थिर रहल। चावल 38.06 रुपया किलो से घट के सुक्क के 38.1 रुपये किलो हो गइल। चना दाल के भाव 74 रुपये से घट के 73.19 रुपया, उड़द दाल 108.77 रुपया से घट के  108.25 रुपये, मूंग दाल 103.49 से घटकर 103.19 रुपये किलो पर रही।

अरहर दाल 112.02 से बढ़कर 112.82 रुपये किलो, मसूर दाल 95.76 से 95.89 रुपये किलो रहल। दूध 29 पैसा बढ़कर 54.72 रुपये, वनस्पति तेल 147.69 से घट के 145.14 रुपये अउर सोया तेल 169.97 से घट के 168.59 रुपये किलो रहल। पाम तेल भी 119.23 से घट के 117.38 रुपये किलो हो गइल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-