नई दिल्ली। लोकसभा में वित्त विधेयक 2026 पास हो गइल बा, जवना में 32 सरकारी संशोधन सामिल कइल गइल। वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण बहस के जवाब देत कहली कि भारत तेज गति से सुधार के राह पs आगे बढ़ रहल बा।
ऊ कहली कि देस में सुधार कवनो मजबूरी में ना, बलुक साफ सोच, आत्मविश्वास आ मजबूत प्रतिबद्धता के संगे कइल जा रहल बा। नरेंद्र मोदी के नेतृत्व के जिकिर करत ऊ कहली कि भारत अब “रिफॉर्म एक्सप्रेस” पs सवार होके लगातार तरक्की करत जा रहल बा।
टैक्स सिस्टम के बनावल जा रहल बा आसान आ पारदर्शी
वित्त मंत्री बतवली कि सरकार भरोसा पs आधारित टैक्स सिस्टम बनवला पs जोर दे रहल बा, जवना से ईमानदार करदाता के परेसानी कम होई। टैक्स प्रशासन के सरल आ पारदर्शी बनावे खातिर कइयन गो डेग उठावल गइल बा।
17 जरूरी दवाइयन पs ड्यूटी हटल
आम जनता के राहत देवे खातिर 17 जरूरी जीवनरक्षक दवाइयन पs बेसिक कस्टम ड्यूटी हटा दिहल गइल बा। एकरा से दवाई सस्ता होखे के उम्मेद बा आ मरीजन के सीधा फायदा मिली।
छोट करदाता खातिर आसान प्रक्रिया
छोट करदाता खातिर अब प्रक्रिया आउर आसान बना दिहल गइल बा। अब कम भा जीरो TDS सर्टिफिकेट खातिर नियम आधारित ऑनलाइन सिस्टम लागू हो गइल बा, जवना से समय आ झंझट दुनो कम होई।
एमएसएमई आ किसान पs खास फोकस
सरकार एमएसएमई, किसान आ सहकारी क्षेत्र के मजबूत बनावे पs ध्यान दे रहल बिया। वित्त विधेयक में एकर प्रावधान कइल गइल बा, जवना से एकर लिक्विडिटी बढ़े, नियम-कानून के बोझ कम होखे आ अर्थबेवस्था में भागीदारी बढ़े।
सरकार के कहनाम बा कि सेस आ सरचार्ज से जुटावल धन के बड़ हिस्सा राज्यन के योजना में खरचा कइल जा रहल बा, जवना से राज्यन के आर्थिक मदद मिल रहल बा।









