दुनिया के सबसे बड़ सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म फेसबुक के डाउन होखले के खबर बा। फेसबुक के डेस्कटॉप वर्जन भारत में काम नाइ कs रहल बा। यूजर्स के ब्लैंक स्क्रीन मिल रहल बा। आउटेज के ट्रैक करे वाली साइट डाउनडिटेक्टर भी Facebook के डाउन होखले के पुष्टि कइले बा।
downdetector के मुताबिक फेसबुक में आजु यानी 10 नवंबर के सुबह 9 बजे से दिक्कत आ रहल बा। खबर लिखल गइले ले downdetector पs 47 यूजर्स शिकायत कइले बानें। सबसे ज्यादा सर्वर डाउन के ले के शिकायत कइल गइल बा। एकरे अलावा मोबाइल वर्जन में यूजर्स के कौनो दिक्कत नाइ आ रहल बा।
फेसबुक के अलावा फेसबुक एड मैनेजर के भी ठप होखले के खबर बा। कई यूजर्स ट्वीट क के कहले बानें कि ई मेटा में बड़ पैमाना पर भइल छंटनी के असर ह। बता देईं कि मेटा एही हफ्ते 11,000 लोग के नौकरी से निकलले बा। ट्विटर में भी छंटनी के बाद सर्विसेज डाउन भइल रहे।
Post Views: 8