Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

एलन मस्क एगो अउर ट्विटर कर्मचारी के नौकरी से निकललें, एह बेर ट्वीट कsके कारण भी बतवलें

689

ट्विटर के नयका सीईओ एलन मस्क जौन माइक्रो-ब्लॉगिंग प्लेटफॉर्म के कर्मचारियन अउर ठेकेदारन के छंटनी कs रहल बानें। एक दिन पहिले ट्विटर में 4000 से ज्यादा कर्मचारियन के नौकरी से निकाल दिहले रहनें। अतवार देर रात तकरीबन ढाई बजे मस्क अपने ट्विटर टीम के एगो अउर मेंबर के नौकरी से निकाल दिहलें। ऊ ट्वीट कsके एहके पीछे के वजह भी बतवलें। मस्क ट्वीट कsके दुनिया के ओ देशन से ट्विटर के सुपर स्लो होखले पs माफी भी मंगलें, साथ ही ओ शख्स खातिर लिखलें- यू आर फायर्ड।

एलन मस्क एह बारी जौन ट्विटर कर्मचारी पर गाज गिरवलें बानें। उनकर नाम एरिक फ्रोन्होफर बतायवल जा रहल बा। जानकारी के मुताबिक, एरिक ट्विटर में Android डेवलपर के तौर पर काम करत रहनें।

कर्मचारी अउर मस्क के बीच ‘ट्वीट वॉर’

एरिक अपने ट्वीट खुद के साथ भइल गलत व्यवहार के भी उठवलें। कहनें कि ऊ पिछले 6 साल से कंपनी खातिर काम करत रहनें। लेकिन ऊ एसे पहिले कब्बो अइसन नाइ देखनें। जवाब में एलन मस्क ट्वीट कइलें कि ऊ कई देश में ट्विटर के सुपर स्लो होखे खातिर माफी मांगतने। एरिक से पुछलें कि ट्विटर एंड्राइड पर बहुत धीमा रहल। रउआ एके ठीक करे खातिर का कइले बानें।

यूजर्स एरिक के निशाना पर लिहलें

एही बीच कई ट्विटर यूजर्स एरिक के तरीका पर सवाल उठवलें। एगो शख्स कहनें कि ऊ पिछले 20 साल से डेवलवर बानें अउर अपने कंपनी के बॉस से एह तरह के बात सार्वजनिक रूप से नाइ करे के चाहीं। एकरे खातिर आप ई-मेल चाहे दूसर तरीका के भी इस्तेमाल कs सकत रहनीं। एगो यूजर मस्क से पूछलें- एह तरह के रवैया वाले व्यक्ति के साथ शायद आप काम नाइ कइल चाहत होखब। जवाब में मस्क लिखलें- उनके नौकरी से निकाल दिहल गइल बा।

गौरतलब बा कि ट्विटर के अधिग्रहण के बाद से एलन मस्क कंपनी में ‘तबाही’ मचा रखले बानें।। CEO पराग अग्रवाल, मुख्य वित्तीय अधिकारी नेड लीगल अउर इहां ले कि निदेशक मंडल सहित कंपनी के कई कर्मचारियन के ऊ नौकरी से निकाल चुकल बानें। ऊ ट्विटर के कामकाज के प्रभावित करे वाले फैसलन के झड़ी लगा देहलें। ट्विटर जौन सबसे बड़ बदलाव देखल रहल बा, ऊ बा ब्लू टिक सब्सक्रिप्शन पर 8 डॉलर प्रति महीना से वसूली कइल। उनके कई अजीबो-गरीब फैसलन के बाद कई विज्ञापनदाता लोग भी साइट से हाथ खींच लिहले बानें।

380200cookie-checkएलन मस्क एगो अउर ट्विटर कर्मचारी के नौकरी से निकललें, एह बेर ट्वीट कsके कारण भी बतवलें

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.