Reliance Jio से सस्ता प्लान, 1 हजार रुपिया कम में 1Gbps स्पीड आ अनलिमिटेड डेटा, फ्री ओटीटी के मिली मजा

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 7, 2022

रिलायंस जियो फाइबर (Reliance JioFiber) यूजर्स के शानदार प्लान्स ऑफर कर रहल बिया, बाकिर Act Fibernet के एगो प्लान से जियो फाइबर के कडा टक्कर दे रहल बिया। जियो फाइबर अपना 3,999 रुपिया वाला प्लान

Share

रिलायंस जियो फाइबर (Reliance JioFiber) यूजर्स के शानदार प्लान्स ऑफर कर रहल बिया, बाकिर Act Fibernet के एगो प्लान से जियो फाइबर के कडा टक्कर दे रहल बिया। जियो फाइबर अपना 3,999 रुपिया वाला प्लान में 1Gbps के इंटरनेट स्पीड ऑफर कर रहल बा। ओहिजा, ऐक्ट फाइबरनेट 2999 रुपिया के मंथली चार्ज प 1Gbps वाला प्लान दे रहल बा। ऐक्ट फाइबरनेट के एह प्लान में रउआ इंटरनेट यूज करे खातिर हर महीना अनलिमिटेड डेटा (3300जीबी FUP) मिली।

इंटरनेट डेटा लिमिट के खतम होखला के बाद प्लान में मिले वाला स्पीड घट के 5Mbps के हो जात बा। एह प्लान में रउआ कइयन गो शानदार ओटीटी बेनिफिट्सो मिली। कंपनी एह प्लान के सब्सक्राइबर्स के ऐक्ट स्ट्रीम टीवी 4K, जी5, हंगामा, सोनी लिव आ EpicOn के फ्री ऐक्सेस ऑफर कर रहल बा। धेयान देवे वाला बात ई बा कि ऐक्ट फाइबरनेट के सर्विसेज अभी सब जगह उपलब्ध नइखे। अइसन में बेहतर होई कि रउआ कंपनी के वेबसाइट प चेक क लीं कि रउआ जहां रहत बानी, ओहिजा ऐक्ट फाइबरनेट के सर्विस बा कि ना।

जियो फाइबर के 3,999 (प्रीपेड) प्लान के बेनिफिट

जियो फाइबर के ई प्लान 30 दिन के वैलिडिटी के संगे आ रहल बा। एह प्लान में कंपनी इंटरनेट यूज करे खातिर अनलिमिटेड डेटा ऑफर कर रहल बिया। ई प्लान 1Gbps के अपलोड आ डाउनलोड स्पीड के संगे आवत बा। फ्री वॉइस कॉलिंग ऑउर करे वाला एह प्लान में रउआ कइयन पॉप्युलर ओटीटी ऐप्स जइसे- नेटफ्लिक्स (स्टैंडर्ड), प्राइम वीडियो, डिज्नी+ हॉटस्टार, वूट सेलेक्ट, सोनी लिव, जी5 आ डिस्कवरी प्लस के फ्री ऐक्सेसो मिली। कंपनी एह प्लान में जियो सावन आ जियो सिनेमा के फ्री सब्सक्रिप्शन दे रहल बिया।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.