Gorakhpur News : खुला आसमान में रात-रात भर उड़ रहल बा ड्रोन, लाइट जलतही मच जात बा भगदड़, गांव में डर के माहौल

Share

गोरखपुर। गांव में रात के अन्हरिया में उड़त ड्रोन के रहस्य अभी तक नइखे खुल सकल। चरगांवा इलाका के महुआचाफी गांव में लगातार पांच दिन से ड्रोन (Night Drone Mystery) देखल जा रहल बा। एही तरे के शिकायत झंगहा, पीपीगंज, पिपराइच, बेलीपार, गोला आ कैम्पियरगंज इलाका से आइल बा।

ग्रामीण लोग एकरा के पशु तस्करी आ चोरी के रेकी से जोड़के देख रहल बा लोग। पुलिस जांच में लागल बिया बाकिर अभी तक कवनो ठोस सुराग नइखे मिलल। डर से लोग लाठी-डंडा लेके रात भर पहरा दे रहल बा।

का बा पूरा ममिला

महुआचाफी गांव के लोग बतावल कि कि रोज रात आठ बजे से लेके दू बजे तक तीन-चार गो ड्रोन आसमान में मंडरा रहल बा। ई ड्रोन छत से करीब 40-50 फीट ऊपर उड़ेला। ग्रामीण राहुल भारती आ चंद्रशेखर बतावल लोग कि बच्चा आ मेहरारू डर से घर से बाहर निकल जात बा लोग ब। लोग समूह बनाके लाठी-डंडा लेके गश्त करत बा।

झंगहा थाना प्रभारी जयंत कुमार सिंह कहलें कि 12 गो फोटोग्राफर के लगे दर्ज ड्रोन कैमरा बा। ऊ लोग के कहाइल बा कि बुकिंग मिलला पs पहिले थाना के जानकारी देवे लोग। एकरा बादो  25 सितंबर के रात करही, अमहिया आ बरही गांव में ड्रोन देखल गइल।

पीपीगंज में तs एगो ड्रोन गिर गइल रहे, जवना के पुलिस बरामद कइलस। बाद में मालूम भइल कि ओह ड्रोन के उड़ावे वाला एगो छात्र रहे। बाकिर एही बीच कई गो दिन तिघरा आ टीचर कॉलोनी में फेर से ड्रोन देखल गइल।

बेलीपार थाना इलाका के कतरारी गांव में 22, 25 आ 26 सितंबर के ड्रोन उड़त देखल गइल। गोला के शिवपुर चौराहा पs भीड़ लाग गइल जब रात में दुगो ड्रोन देखाई देलस।

वनटकिया गांव के अविनाश सिंह बतवलें कि ऊ लगातार पांच गो ड्रोन उड़त देखलें। महिला चिल्लाये लागल आ बच्चा डर के मारे बाहर भागे लागल लोग। अविनाश एगो ड्रोन के वीडियो बनवलें जवन अब सोशल मीडिया पs वायरल बा।

पुलिस अधिकारी साफ कहत बा लोग कि बिना परमिशन ड्रोन उड़ावल अपराध हs। झंगहा, बेलघाट आ पीपीगंज थाना के टीम जांच में लागल बाड़ीं सs। डीआईजी एस चनप्पा कहलें कि ड्रोन देखला पs तुरंत पुलिस के खबर दिहल जावs, अफवाह से दूर रहीं, अपराधी के कतई बख्शल ना जाई।

साभार : दैनिक जागरण

Read Also: Asia Cup 2025 Prize Money: पाकिस्तान के हरवला के बाद टीम इंडिया भइल मालामाल, बीसीसीआई से मिलल 21 करोड़ इनाम

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-