Jammu Kashmir Doda Accident : सेना के बुलेटप्रूफ वाहन 200 फीट गहिराह खाई में गिरल, 10 जवान शहीद… 7 घायल

Indian Army bulletproof vehicle falls into deep gorge in Doda district of Jammu and Kashmir

Share

सेंट्रल डेस्क। जम्मू-कश्मीर के डोडा जिला में एगो भयानक सड़क हादसा भइल बा। एह दुर्घटना में भारतीय सेना के दस जवानन के जान चल गइल, जबकि सात गो आउर जवान गंभीर रूप से घायल हो गइल बा लोग। ई हादसा भद्रवाह-चंबा मार्ग पs खन्नी टॉप के लगे भइल।

स्थानीय अधिकारी बतवलें कि सेना के एगो बुलेटप्रूफ वाहन नजदीकी सैन्य पोस्ट के ओर जात रहे। वाहन में कुल 17 जवान सवार रहे लोग। रास्ता में अचानक चालक के गाड़ी पर से नियंत्रण हट गइल आ वाहन फिसलत करीब 200 फीट गहिराह खाई में जा गिरल। हादसा के आवाज सुनतही आसपास अफरा-तफरी मच गइल।

घटना के जानकारी मिलतही सेना आ पुलिस के जवान संयुक्त रूप से राहत आ बचाव अभियान सुरू कइलस। मुश्किल पहाड़ी इलाका आ गहिराह खाई होखला के चलते रेस्क्यू में बहुते परेसानी आइल, बाकिर जवानन के मेहनत से घायलन के बाहर निकालल गइल।

रेस्क्यू ऑपरेशन के दौरान चार जवानन के शव बरामद भइल, जबकि नव जवान घायल हालत में खाई से बाहर निकालल गइल बा लोग। घायलन में से तीन जवानन के हालत बहुते गंभीर बतावल जा रहल बा।

गंभीर रूप से घायल जवानन के विशेष इलाज खातिर हेलीकॉप्टर से एयरलिफ्ट कs के उधमपुर इस्थित सैन्य अस्पताल भेजल गइल बा। बाकी घायल जवानन के इलाज नजदीकी सैन्य चिकित्सा केंद्रन में चल रहल बा।

हादसा के कारणन के जांच सुरू कs दिहल गइल बा। सुरुआती तौर पs सड़क के हालत आ मौसम के असर के संभावना जतावल जा रहल बा। पूरा देस एह हादसा में शहीद भइल जवानन के बलिदान के नमन कs रहल बा आ घायलन के जल्द स्वस्थ होखे के कामना कs रहल बा।

Read Also: Magh Mela Prayagraj : स्वामी अविमुक्तेश्वरानंद के बढ़ल मुश्किल, माघ मेला प्राधिकरण एगो आउर नोटिस थमवलस, स्थायी प्रतिबंध के चेतावनी

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-