[the_ad_group id="30365"]

Magh Mela Prayagraj : स्वामी अविमुक्तेश्वरानंद के बढ़ल मुश्किल, माघ मेला प्राधिकरण एगो आउर नोटिस थमवलस, स्थायी प्रतिबंध के चेतावनी

Magh Mela Authority issues notice to Swami Avimukteshwaranand over rule violations at Prayagraj Magh Mela
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रयागराज। मौनी अमावस्या के स्नान परब पs माघ मेला क्षेत्र में नियम तुड़े के ममिला थमत नजर नइखे आ रहल। प्रयागराज मेला प्राधिकरण श्री शंकराचार्य आश्रम आ बद्रीनाथ हिमालय सेवा शिविर के संचालकन के कारण बताओ नोटिस जारी कइले बा। ई दुनो शिविर स्वामी अविमुक्तेश्वरानंद से जुड़ल बतावल जा रहल बा।

प्राधिकरण के आरोप बा कि साफ-साफ प्रतिबंध होखला के बावजूद स्वामी अविमुक्तेश्वरानंद आ उनकर शिष्य पालकी रथ यात्रा के संगे संगम स्नान खातिर निकलल रहे लोग। 18 जनवरी के आरक्षित श्रेणी पीपा नंबर-दु पs लागल बैरियर तुड़ के बिना अनुमति वाहन सहित संगम अपर मार्ग से प्रवेश कइल गइल।

मेला प्रशासन नोटिस में कहले बा कि मौनी अमावस्या के दिन स्नान करे वाला श्रद्धालुन के बहुते भीड़ रहे। एह दिन खाली पैदल आवागमन के इजाजत रहे। अइसन संवेदनशील समय में वाहन घुसावे से अफरा-तफरी मचल आ भगदड़ जइसन हालात बन सकेला। एकरा से लाखन श्रद्धालुन के जान-माल के सुरक्षा पs खतरा पैदा भइल।

प्राधिकरण के कहनाम बा कि एह हरकत से माघ मेला के पूरा बेवस्था बिगड़ गइल आ भीड़ प्रबंधन में गंभीर परेसानी आइल। एकरा अलावे, सुप्रीम कोर्ट के रोक लगला के बादो खुद के शंकराचार्य बतावत मेला क्षेत्र में बोर्ड, होर्डिंग आ साइनबोर्ड लगावल गइल। नोटिस में एह कदम के सर्वोच्च न्यायालय के आदेस के खुला उल्लंघन बतावल गइल बा।

मेला प्राधिकरण 24 घंटा के भीतर स्पष्टीकरण मंगले बा। साफ चेतावनी दिहल गइल बा कि जदि तय समय में जवाब ना मिलल, तs संस्था के मिल रहल सुविधा आ भूमि आवंटन रद्द कइल जा सकेला आ स्थायी रूप से मेला क्षेत्र में प्रवेश पs प्रतिबंध लगा दिहल जाई।

ओने, स्वामी अविमुक्तेश्वरानंद के मीडिया प्रभारी शैलेंद्र सरकार के कहनाम बा कि सरकार बदला के भावना से कार्रवाई कs रहल बिया। ओह लोगन के आरोप बा कि बिना जानकारी देले शिविर के पीछे देवाल पs बैक डेट में नोटिस चस्पा कइल गइल। कर्मचारियन से जानकारी मिलला के बाद जवाब तइयार कइल जा रहल बा, जवन जल्दिये प्राधिकरण के भेज दिहल जाई।

Read Also: Share Market : हरियर निशान पs खुलल शेयर बाजार, सेंसेक्स 774 अंक चढ़ल; निफ्टी 25300 के पार

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]