Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

थानेदार के आंख में मरीचा पाउडर डालके पीटे वाली महिला सिपाही के मांग पूरा, दर्ज भइल एफआईआर

685

रामपुर में अपने थाना के थानेदार के आंख में मरीचा पाउडर डालके डंडा से पीटे वाली महिला सिपाही के मांग पूरा हो गइल बा। ओकरा शिकायत पs साथी महिला सिपाही के खिलाफ एफआईआर दर्ज हो गइल।

ओने, काल्ह से सोशल मीडिया पs चर्चा में रहल एह मामला के जांच एसपी राजेश द्विवेदी सीओ स्वार संगम कुमार के दे देले।

बता दी कि बिजनौर के रहे वाली महिला सिपाही आरजू के तैनाती खजुरिया थाना में रहे। कुछ दिन पहिले उनकर विवाद एही थाना में तैनात साथी सिपाही अमृता भूषण से हो गइल रहे। उनका पs आरोप रहे कि उऽ इनकर नया स्कूटी मांगके ले गइली आ हादसा में ओकरा के पूरा क्षतिग्रस्त कऽ देली।आरजू अमृता से नया स्कूटी मंगली बाकिर  उऽ देबे से इनकार कऽ देली। एही मामले में कार्रवाई खातिर आरजू एक हफ्ता से एसओ से लेके सीओ तक के चक्कर काटत रहली।

महिला सिपाही पहिले थानेदार के आंख में झोंकलस मरीचा पाउडर, फेर लाठी से धुनाई, CCTV में कैद भइल घटना 

मंगर के जब एसओ राजीव कुमार उनका शिकायत पs कार्रवाई से इनकार कऽ देले तऽ उऽ उनका आंख में मरीचा झोंक देलस आ डंडा से पिटाई कऽ देली। बाद में एसओ पs कई तरह के गंभीर आरोप लगावत वीडियो वायरल कऽ देली।

ओने, मामला संज्ञान में अइला के बाद बुध के उच्चाधिकारी के निर्देश पs आरजू के तहरीर पs महिला सिपाही अमृता भूषण के खिलाफ धारा 279 आ 427 में एफआईआर दर्ज कइल गइल। एसपी राजेश द्विवेदी बतवले मामला के जांच सीओ स्वार संगम कुमार के दिहल गइल बा।

सिपाही के वीडियो भइल वायरल, यूपी कांग्रेस कसलस तंज

खजुरिया एसओ के पिटाई के मामले में निलंबित महिला सिपाही आरजू के वीडियो सोशल मीडिया पs वायरल हो रहल बा। एमें उऽ ना खाली थाना में होखे  वाली वसूली के पोल खोलले रही बल्कि एसओ के बहाने ई तक कह देली कि खाकी के आड़ में पुलिस में भेड़िया बाड़न। एह वीडियो के यूपी कांग्रेसो हाथे हाथ ले लेलस।

https://x.com/INCUttarPradesh/status/1795697987823251760?t=Qcsp1rdSK5CwJUc6k_QEDQ&s=19

यूपी कांग्रेस एक्स पs लिखलस कि रामपुर में तैनात महिला सिपाही आरजू बोल रहल बाड़ी कि थाना में कइसे घूसखोरी के खेल चलेला, सब महिला सिपाही बता रहल बाड़ी। महिला सिपाही के आरोप बा कि छव दिन हो गइल बा, खजुरिया थाना के थानेदार एक्सीडेंट के शिकायत दर्ज नइखन करऽत , उल्टा ई झूठ मुकदमा दर्ज करे के धमकी दे रहल बाड़े। कहलस कि सोची आदित्यनाथ सरकार में जब एगो खाकीधारी के न्याय नइखे मिलत तऽ आम जनता के का मिली, खैर भाजपा सरकार में वइसहू महिला लो के न्याय ना दिहल जाला।

848880cookie-checkथानेदार के आंख में मरीचा पाउडर डालके पीटे वाली महिला सिपाही के मांग पूरा, दर्ज भइल एफआईआर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.