नई दिल्ली। Delhi AQI Today : दिल्ली-एनसीआर में आज सुक के तनिका राहत के बीच दिल्ली के एक्यूआई 200 से नीचे दर्ज कइल गइल बा। हालांकि, बियफे के राजधानी के हवा ‘गंभीर’ श्रेणी के करीब पहुंच गइल रहे। काल्ह दिल्ली के एक्यूआई 373 रिकॉर्ड कइल गइल। प्रदूषण के इस्थिति के देखत दिल्ली-NCR में ग्रेप-2 के पाबंदी लागल बा।
aqi.in के अनुसार, सुक के सबेरे सात बजे नई दिल्ली के एक्यूआई 186 दर्ज कइल गइल, जबकि आनंद विहार दिल्ली के एक्यूआई 178 दर्ज कइल गइल रहे।
आज कहां केतना बा AQI
| स्थान | AQI | स्थिति | 
|---|---|---|
| नई दिल्ली | 186 | मध्यम | 
| आनंद विहार, दिल्ली | 178 | मध्यम | 
| दिल्ली कैंट | 189 | मध्यम | 
| गाजियाबाद | 193 | मध्यम | 
| ग्रेटर नोएडा | 190 | मध्यम | 
| नोएडा | 173 | मध्यम | 
| गुरुग्राम, हरियाणा | 209 | खराब | 
पांच साल में दूसरका सबसे प्रदूषित रहल अक्टूबर
एह साल 74 प्रतिशत जादे बरखा के बादो अक्टूबर के महीना पांच साल के दूसरका सबसे प्रदूषित रहल। महीना में ‘अच्छी’ श्रेणी के हवा वाला एको दिन ना मिलल। जबकि ‘बहुत खराब’ श्रेणी वाला दिन में बढ़न्ती देखल गइल।
केंद्रीय प्रदूषण नियंत्रण बोर्ड (सीपीसीबी) से मिलल आंकड़ा बता रहल बा कि एह साल अक्टूबर में 30 तारीख तक चार दिन ‘संतोषजनक’, नौ दिन ‘मध्यम’, नौ दिन ‘खराब’ आ आठ दिन ‘बहुत खराब’ श्रेणी में दर्ज कइल गइल। महीना के औसत एक्यूआइ 224 रहे, ई 2021 के बाद दूसरका सबसे जादे होखे।
सीपीसीबी के पूर्व अपर निदेशक डाॅ. दीपांकर साहा बतवलें कि दिल्ली के प्रदूषण के एके गो दवा बरखा आ तेज हवा। बाकिर एह साल अक्टूबर में बरखा महीना के सुरू में हो के रह गइल आ हवा के गति बीच बीच में मंद पड़त बा। एह खातिर ई इस्थिति बनल।
एह चलते बिगड़ल इस्थिति
दिल्ली के खातिर वायु गुणवत्ता प्रारंभिक चेतावनी प्रणाली बतवलस कि शहर के वायु-संचार सूचकांक जवन वायुमंडल के प्रदूषक के फइलावे के क्षमता के माप हs 6,000 वर्ग मीटर सेकंड के अनुकूल स्तर से नीचे बनल बा। 10 किमी प्रति घंटा से कम कs के धीमा हवा आ नमी के उच्च स्तर प्रदूषक के फइलावे से रोक देलस।
इहे वजह बा कि आकाश धुंधला रहल। सबेरे 7:30 बजे पालम में दृश्यता के स्तर 1,000 मीटर आ सफदरजंग में 800 मीटर रहल। एह दौरान हवा के इस्थिति शांत बतावल गइल।
Read Also: Bihar NDA Manifesto : 4 शहर में मेट्रो आ 1 करोड़ रोजगार, बिहार चुनाव खातिर NDA के बड़ एलान
 
								 
															







