गोरखपुर। डीएवी पीजी कॉलेज, गोरखपुर में राष्ट्रीय सेवा योजना (NSS) के दयानंद आ विवेकानंद इकाई के ओर से अतवार के सात दिन के विशेष शिविर के उद्घाटन समारोह आयोजित कइल गइल। एह कार्यक्रम में मुख्य अतिथि के रूप में दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के समाजशास्त्र विभाग के विभागाध्यक्ष आ कला संकाय के वर्तमान अधिष्ठाता प्रो. कीर्ति पांडेय मवजूद रहली, जिनका उपस्थिति से सब स्वयंसेवक आ स्वयंसेविकन के उत्साह बढ़ल।
कार्यक्रम के आयोजन कार्यक्रम अधिकारी प्रतिभा गुप्ता के निर्देशन में कइल गइल, जबकि मंच संचालन के जिम्मेदारी डॉ. शत्रुघ्न सिंह निभवलें। कार्यक्रम के सुरुआत मुख्य अतिथि के हाथन दीप प्रज्वलन आ मां सरस्वती के प्रतिमा पs माल्यार्पण से भइल।
एह अवसर पs महाविद्यालय के प्राचार्य प्रो. शैल पांडे सब स्वयंसेवक आ स्वयंसेविकन के आसीरबाद देत कार्यक्रम के सफल आयोजन के सुभकामना देली। मुख्य वक्ता प्रो. कीर्ति पांडेय अपना संबोधन में कहली कि राष्ट्रीय सेवा योजना के सात दिवसीय शिविर छात्र-छात्रन के चरित्र निर्माण के बेहतरीन मवका देला।
ऊ कहलें कि एह शिविर के दौरान स्वयंसेवकन के आंतरिक आ बाहरी व्यक्तित्व में निखार आवेला आ संगही समाज से जुड़के सेवा करे के अवसरो मिलेला। ऊ जोर देत कहलें कि हर स्वयंसेवक के व्यक्तित्वे ओकर असली पहचान आ सर्टिफिकेट होला।
कार्यक्रम अधिकारी प्रतिभा गुप्ता सात दिन के शिविर के पूरा रूपरेखा प्रस्तुत कइली आ बतवली कि एह दौरान कइयन तरे के सामाजिक, शैक्षणिक आ जागरूकता से जुड़ल गतिविधि आयोजित कइल जाई।
एह कार्यक्रम में महाविद्यालय के शिक्षक प्रो. अमृता श्रीवास्तव, प्रो. वेदवती सिंह, प्रो. प्रवीण सिन्हा, डॉ. संजय कुमार पांडेय, डॉ. रागिनी दीक्षित, डॉ. रक्षा गुप्ता सहित कइयन गो शिक्षक मवजूद रहे लागे। संगही श्रेया, खुशी, रिया, आयुष सहित आउर स्वयंसेवक आ स्वयंसेविका कार्यक्रम में सामिल भइल लोग।
Read Also: Assembly Election 2026 : असम से बंगाल तक कब होई वोटिंग, जान लीं पूरा चुनाव शेड्यूल








